Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव : कन्हैया कुमार दिल्ली में मनोज तिवारी के चुनौती दिहे, कांग्रेस के उम्मीदवार के एगो अउर सूची जारी भइल

321

पूर्वोत्तर दिल्ली से कन्हैया कुमार के उम्मीदवार बनावल गइल बा । इहाँ उनकर मुकाबला भाजपा के मनोज तिवारी से होई।

लोकसभा चुनाव के लेके कांग्रेस के ओर से लगातार उम्मीदवार के नाम के घोषणा होखता। एतवार का दिने दस गो अउरी नाम के एलान भइल। कांग्रेस दिल्ली में आप के संगे गठबंधन क के 3 सीट प उम्मीदवार के नाम के घोषणा कइलस। दिल्ली के तीन सीट प पार्टी के ओर से कन्हैया कुमार, उदित राज, जेपी अग्रवाल के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

 पूर्वोत्तर दिल्ली से कन्हैया कुमार के उम्मीदवार बनावल गइल बा। इहाँ उनकर मुकाबला भाजपा के मनोज तिवारी से होई। जहां जेपी अग्रवाल के चांदनी चौक से, उदित राज के पूर्वोत्तर दिल्ली से उम्मीदवार बनावल गइल बा।

 

जालंधर से चरणजीत सिंह चन्नी के टिकट मिलल

दिल्ली के तीन सीट के अलावे पंजाब के अमृतसर सीट से गुर्जित सिंह के पार्टी के उम्मीदवार बनावल गइल बा। पंजाब के मुख्यमंत्री रहल चरणजीत सिंह चन्नी जालंधर से कांग्रेस के उम्मीदवार होखीहें। फतेहगढ़ साहेब से अमर सिंह, बथिंडा से जीत मोहिन्दर सिंह सिद्धू, संगरूर से सुखपाल सिंह खैरा, पटियाला से धर्मवीर गांधी आ इलाहाबाद सीट से उज्जवल रेवती रमन सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

पिछला लोकसभा चुनाव में कन्हैया कुमार बेगूसराय से चुनाव हार गइल रहले।

पिछला लोकसभा चुनाव में कन्हैया कुमार के बिहार के बेगूसराय सीट से भाकपा के ओर से उतारल गइल रहे। एह चुनाव में कन्हैया कुमार के केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह से हार के सामना करे के पड़ल। बाद में कन्हैया कुमार कांग्रेस पार्टी में शामिल हो गइले। उ राहुल गांधी के भारत जोडो यात्रा में भाग लेले।

कन्हैया कुमार बेगूसराय से टिकट ना मिलला प का कहले?

बेगूसराय से राजद नेता तेजस्वी यादव के असुरक्षा के चलते उनका उम्मीदवारी के कथित विरोध के बारे में पूछला प कुमार कहले कि, हम एतना बड़ आदमी नइखी कि जेकर बाप, महतारी मुख्यमंत्री रहले, उ खुद कुछ महीना पहिले तक मुख्यमंत्री रहले ।” उ उपमुख्यमंत्री रहले, उ हमनी से डेराईहे।” ओह लोग के देश के मौजूदा शासन आ हालात से डेराए के जरूरत बा।

 कन्हैया कुमार कहले रहले कि, हम अपना के राजनीतिक संघर्ष खाती कवनो जगह तक सीमित नइखी देखत। पार्टी कही कि जदी चुनाव लड़े के बा त 543 सीट में से कहीं से भी चुनाव लड़ी। पार्टी के आदेश के रउवा कबो ना मानेब, बाकी स्वाभाविक बा कि आपके जानल-पहचानल जगह प रउवा सहजता महसूस होई।

दिल्ली में आम आदमी पार्टी आ कांग्रेस के बीच गठबंधन बा

दिल्ली में आम आदमी पार्टी आ कांग्रेस एक संगे चुनाव लड़तारे। आम आदमी पार्टी दिल्ली के 4 लोकसभा सीट प उम्मीदवार खड़ा कइले बिया, जबकि 3 सीट कांग्रेस के गइल बा। हरियाणा आ गुजरात में भी कांग्रेस आम आदमी पार्टी खातिर सीट छोड़ दिहले बिया । पंजाब में दुनो दल के बीच कवनो गठबंधन नइखे।

कन्हैया कुमार एनएसयूआई के प्रभारी बाड़े

कांग्रेस जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय छात्र संघ के पूर्व अध्यक्ष कन्हैया कुमार के भारतीय राष्ट्रीय छात्र संघ (एनएसयूआई) के प्रभारी नियुक्त कईले रहे। एनएसयूआई कांग्रेस के छात्र विंग ह, पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी 9 अप्रैल 1971 के एनएसयूआई के नींव रखली। एकर गठन केरल स्टूडेंट यूनियन आ पश्चिम बंगाल स्टेट स्टूडेंट काउंसिल के विलय क के भइल रहे।

791030cookie-checkलोकसभा चुनाव : कन्हैया कुमार दिल्ली में मनोज तिवारी के चुनौती दिहे, कांग्रेस के उम्मीदवार के एगो अउर सूची जारी भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.