लोकसभा चुनाव 2024 : प्रमोद कृष्णम बोललें- राहुल गांधी पाकिस्तान से चुनाव लड़स, घोषणा पत्र देखके लागल ई जिन्ना के कांग्रेस हs 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 9, 2024

पूर्व कांग्रेस नेता आचार्य प्रमोद कृष्णम सोमार के कहले कि कांग्रेस नेता राहुल गांधी के पाकिस्तान के रावलपिंडी से चुनाव लड़ें के चाहीं। कांग्रेस में अब ना नीयत बांचल बा, न नीति बचल बा आ

Share

पूर्व कांग्रेस नेता आचार्य प्रमोद कृष्णम सोमार के कहले कि कांग्रेस नेता राहुल गांधी के पाकिस्तान के रावलपिंडी से चुनाव लड़ें के चाहीं। कांग्रेस में अब ना नीयत बांचल बा, न नीति बचल बा आ न कवनो नेता बचल बा लो।

 

ऊ कहलें- कांग्रेस के न्यायपत्र देखके लागत बा कि ई मोहम्मद अली जिन्ना के कांग्रेस हs। ई गांधी भा खड़गे के कांग्रेस के घोषणापत्र ना हs।

ओने, दिल्ली में इलेक्शन कमीशन ऑफिस के बाहर सोमार के प्रदर्शन कs रहल TMC नेता लोगन के पुलिस हिरासत में लेले रहे। ऊ लोग आज मंगरो (9 अप्रिल) के हिरासत में बा लो।

TMC के सब 10 सदस्यन के प्रतिनिधिमंडल इलेक्शन कमिश्नर से मिले पहुंचल रहे लो। एकरा बाद सभे धरना पs बइठ गइल रहे। धरना देवे वालन में TMC के पांच सांसद डेरेक ओ’ब्रायन, मोहम्मद नदीमुल हक, डोला सेन, साकेत गोखले आ सागरिका घोष सामिल रहे लो।

TMC नेता डोला सेन मंगर के सबेरे कहली- आईटी, ईडी आ सीबीआई के बीजेपी के ब्रांच ऑफिस मानल जात बा। आचार संहिता लाग गइल बा। एनआईए, सीबीआई, ईडी आ आईटी विपक्ष के परेसान कs रहल बा, ताकि ऊ स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव ना लड़ सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.