[the_ad_group id="30365"]

ध्यान मुद्रा में बईठल पीएम मोदी के तस्वीर आईल सामने, जानीं केतना घंटा ले नाहीं खइहें अन्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

लोकसभा चुनाव 2024 खातिर चुनाव प्रचार के आखिरी चरण खतम हो गइल बा. सातवाँ चरण के चुनाव खातिर मतदान 1 जून 2024 के होई। एही बीच अब प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी चुनाव प्रचार खतम कs के कन्याकुमारी पहुंच गईल बाड़े। कार्यक्रम के मुताबिक पीएम मोदी विवेकानंद रॉक मेमोरियल पहुंच गईल बाड़े। इहाँ के ध्यान मंडप में 30 मई के सांझ से 1 जून के सांझ ले ध्यान करे जा रहल बाड़े। जानकारी के मुताबिक पीएम मोदी अब ध्यान मुद्रा में बईठल बाड़े।

पीएम मोदी के तस्वीर सामने आईल

विवेकानंद रॉक मेमोरियल में ध्यान मुद्रा में बइठल पीएम मोदी के तस्वीर सामने आइल बा. पीएम मोदी इहाँ ध्यान मुद्रा में बईठल बाड़े।

45 घंटा ले खाना ना खाएब

विवेकानंद रॉक मेमोरियल में पीएम मोदी ध्यान शुरू कs दिहले बाड़न. पीएम के कार्यक्रम के मुताबिक उs 45 घंटा ले कवनो खाना ना खईहे। एह पूरा कार्यक्रम में ऊ खाली तरल आहार के सेवन करीहें. जानकारी के मुताबिक उs मेडिटेशन रूम से बाहर ना अईहे अवुरी चुप रहीहे। उs ध्यान मंडप में एक जून के सांझ ले ध्यान करीहे।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]