[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव के शेड्यूल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के तारीख चुनाव आयोग के ओर से घोषित कs दिहल गईल बा। चुनाव आयोग शनिचर के दिने दुपहरिया तीन बजे एगो प्रेस कांफ्रेंस में एह तारीख के एलान कइले बा। पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होई अवुरी सातवां चरण के मतदान एक जून के होई अवुरी मतदान के गिनती 4 जून के होई। देश के अलग-अलग इलाका में अलग-अलग तारीख अवुरी चरण में चुनाव के घोषणा भईल बा। अइसना में बताईं कि कवना क्षेत्र में कवना चरण में आ कवना तारीख के मतदान होई।

मतदान के कार्यक्रम अईसन बा

लोकसभा चुनाव 2024 के तारीख

आयोग के ओर से जारी कार्यक्रम के मुताबिक पहिला चरण 19 अप्रैल के होई अवुरी 102 सीट पs मतदान होई। दुसरका चरण में 26 अप्रैल के 89 सीट पs मतदान होई। तीसरा चरण में 07 मई के 94 सीट पs मतदान होई। चउथा चरण 13 मई के होई, जवना में 96 सीट पs मतदान होई। पांचवा चरण में 20 मई के 49 सीट पs, 25 मई के छठवा चरण के 57 सीट पs अवुरी 01 जून के सातवा चरण के 57 सीट पs मतदान होई।

97 करोड़ लोग वोट दिही

चुनाव आयोग जानकारी दिहले बा कि एह साल होखे वाला लोकसभा चुनाव में लगभग 97 करोड़ भारतीय वोट डाले के पात्र हो जइहें। आयोग के मुताबिक पछिला लोकसभा चुनाव 2019 के बाद से पंजीकृत मतदाता के संख्या में 6 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। चुनाव आयोग के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि भारत में होखे वाला आम चुनाव में वोट देबे खातिर करीब 96.88 करोड़ मतदाता पंजीकृत बाड़े जवन दुनिया के सबले बड़हन बा। 18 से 29 साल के उमिर समूह के दू करोड़ से अधिका युवा मतदाता के मतदाता सूची में शामिल कइल गइल बा।

लोकसभा के 543 सीट के चुनाव

बता दीं कि लोकसभा के कुल 543 सीट पs चुनाव के आयोजन हो रहल बा। भारत के आम चुनाव के दुनिया के सबसे बड़ लोकतांत्रिक उत्सव मानल जाला। लोग अपना अपना इलाका खातिर सांसद चुनी आ ई सांसद प्रधानमंत्री चुनिहें। एकरा संगे चुनाव आयोग ओडिशा, आंध्र प्रदेश अवुरी कुछ अवुरी राज्य के विधानसभा चुनाव के आयोजन भी करी।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]