[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव 2024 : भाजपा पवन सिंह के जगह आसनसोल सीट से अक्षरा के खड़ा कर सकेले !

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा आसनसोल सीट पs शत्रुघ्न सिन्हा के खिलाफ भोजपुरी स्टार पवन सिंह के टिकट देले रहे, लेकिन उ आपन नाम वापस ले लेले। एकरा बाद अब चर्चा बा कि भाजपा भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह के चुनावी मैदान में उतार सकेले।

भाजपा पश्चिम बंगाल के आसनसोल सीट से भोजपुरी स्टार पवन सिंह के टिकट दे दिहले रहुवे बाकिर पवन सिंह ओहिजा से चुनाव लड़े से मना कर दिहलन । जवना के बाद पार्टी ए सीट पs कवनो अवुरी विकल्प के तलाश शुरू कऽ देले बिया। अयीसना में सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक इ बतावल जाता कि भाजपा आसनसोल सीट से पवन सिंह के जगह पs भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह के खड़ा करऽ सकता। बता दीं कि शत्रुघ्न सिन्हा के आसनसोल सीट से तृणमूल कांग्रेस उतारले बिया ।

पहिले पार्टी के धन्यवाद दिहलस आ ओकरा बाद नाम वापस ले लिहलस।

बता दीं कि 2 मार्च के भाजपा लोकसभा के 195 सीट पs उम्मीदवार के नाम के घोषणा कईले रहे। जवना में पवन सिंह के आसनसोल सीट पs उतारल गईल। पवन सिंह एकरा खाती भाजपा के धन्यवाद देले लेकिन कुछ समय बाद पवन सिंह आपन नाम वापस ले के सभके हैरान कऽ देले। उल्लेखनीय बा कि आसनसोल झारखंड से सटल कोयला खनन क्षेत्र हs। जहाँ बहुसंख्यक आबादी हिन्दी भाषी बा। फिलहाल शत्रुघ्न सिन्हा ए सीट पs सांसद बाड़े। ओकरा से पहिले बाबुल सुप्रियो एहिजा से जीत गइलऽ रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]