[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election: तीसरा चरण में मतदान कहाँ होई, आ के कवना उम्मीदवार के बीच मुकाबला होई? सब कुछ ग्राफिक्स में देखी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव 2024 : लोकसभा चुनाव 2024 के तीसरा चरण के वोटिंग आज बा । एह चरण में गुजरात में 11 गो राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के कुल 93 सीट में से सबले बेसी 25 गो लोकसभा सीट बा । उत्तर प्रदेश आ बिहार के प्रमुख उम्मीदवार आ सीट के बारे में ग्राफिक्स में जानीं

लोकसभा चुनाव 2024 के तीसरा चरण के वोटिंग आज बा । एह चरण में 11 राज्यन के कुल 93 सीट पर मतदान हो रहल बा । हालांकि एकरा से पहिले जब चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कइले रहे त तीसरा चरण में 12 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के 94 सीट प मतदान होखे के रहे। मध्य प्रदेश के बेतुल सीट प मतदान दूसरा चरण में होखे वाला रहे लेकिन इहाँ बसपा उम्मीदवार के मौत के चलते मतदान तीसरा चरण में टाल दिहल गइल। अइसने में तीसरा चरण के मतदान खातीर कुल सीट के संख्या बढ़ के 95 हो गइल। गुजरात के सूरत सीट से भाजपा उम्मीदवार मुकेश दलाल के निर्विरोध चुनल गइला का चलते एहिजा कवनो चुनाव ना होखे वाला बा । अइसने में तीसरा चरण के मतदान खातीर सीट के संख्या फेर से घट के 94 हो गइल। तीसरा चरण के नामांकन प्रक्रिया पूरा होखला के बाद जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग-राजौरी सीट में खराब मौसम के चलते मतदान तीसरा चरण के जगह छठवां चरण में टाल दिहल गइल बा। अइसने में अब तिसरका चरण में जवना सीट प मतदान होखे वाला बा ओकर संख्या घट के 93 हो गइल बा ।

आई उत्तरप्रदेश आ बिहार के तीसरा चरण चुनाव में केकर मुकाबला कहां से आ केकरा से होई ई ग्राफिक से समझेंके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]