[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024:  का बड़ चेहरन के टिकट काटी भाजपा? लोकसभा चुनाव के लेके देर रात के चार घंटा ले भइल मंथन, जल्दिए आई पहिलका लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lok Sabha Election 2024 भाजपा के केंद्रीय चुनाव समिति (सीईसी) पिछला रात लोकसभा चुनाव के लेके बइठक कइलस। बइठक में प्रधानमंत्री मोदी समेत कई गो सदस्यन के ओर से चुनाव प्रत्याशियन खातिर पहिलका सूची के अंतिम रूप देवे पऽ मंथन कइल गइल। मानल जा रहल बा कि पार्टी अबकीयो बेर कई हो नया चेहरन के मौका देके हारल सीटन पऽ बाजी पलटे के रणनीति बना रहल बिया।

Lok Sabha Election 2024 लोकसभा चुनाव के लेके सब पार्टी आपन तइयारी तेज कर देले बाड़ी सन। एही बीचे अब कुल पार्टि उम्मीदवारन के चयन पऽ रणनीति बनावे में लागल बाड़ी सन। एकरा के लेके भाजपा के केंद्रीय चुनाव समिति (सीईसी) ने पिछला रात बइठक कइलस।

राज्यन के नेता लो के साथे प्रत्याशियन पऽ मंथन

आगामी लोकसभा चुनाव अप्रैल-मई में होखे के संभावना बा। बइठक में भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आ रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह समेत भाजपा शासित प्रदेशन के मुख्यमंत्री शामिल भइले। राज्य के संसदीय क्षेत्रन के प्रत्याशियन पऽ चर्चा खातिर ई सब सीएम बैठक में शामिल भइले।

बैठक में उत्तर प्रदेश के सीएम योगी आदित्यनाथ, गुजरात के सीएम भूपेंद्र पटेल, मध्य प्रदेश के सीएम मोहन यादव, छत्तीसगढ़ के सीएम विष्णु देव साय, उत्तराखंड के सीएम पुष्कर सिंह धामी आ गोवा के सीएम प्रमोद सावंत समेत कई गो आउर नेता लो शामिल भइल।

हारल सीटन पऽ ज्यादा ध्यान 

जानकारी के अनुसार, बइठक में उऽ प्रत्याशियन के सीटन के लेके चर्चा भइल जवना पऽ भाजपा 2019 के चुनाव में पराजित भइल रहें आ जवना पऽ उऽ लोग आपन संभावना सुधारे के लक्ष्य तय कइले बा।

मानल जा रहल बा कि पार्टी जल्दिए आपन पहिलका सूची जारी कर सकत बिया, जवना में कुछ भरोसामंद आ बड़ चेहरन के नाम शामिल होई।

बड़ चेहरन के कट सकत बा टिकट

एही बीचे मानल जा रहल बा कि भूपेंद्र यादव, धर्मेंद्र प्रधान आ मनसुख मांडविया समेत कई गो केंद्रीए मंत्रियन के पार्टी आम चुनाव में उतार सकत बिया काहेंकि पार्टी ई लोग के राज्यसभा चुनावो में ना उतरले रहें। ओहिजा इहो सामने आइल बा कि पार्टी हमेशा के तरह मुश्किल भरल सीटन पऽ नया चेहरन के मौका दे सकत बिया, जवना से जानल-मानल बड़ चेहरन के टिकट कटे के संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]