Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lok Sabha Polls: सात केंद्रीय मंत्रियन के भाग्य आज EVM में होई कैद, अमित शाह, सिंधिया आ मांडविया जइसन दिग्गज

73

लोकसभा चुनाव के तीसरका दौर के मतदान जारी बा। दूसरका चरण में 11 राज्यन आ केंद्रशासित प्रदेशन के 93 सीटन पs लोग वोट डाल सकी। सूरत सीट पs भाजपा उम्मीदवार मुकेशभाई दलाल निर्विरोध निर्वाचित हो चुकल बाड़ें। ओहिजा, अनंतनाग-राजौरी लोकसभा सीट के मतदान अब तीसरका के जगह छठा चरण में होई। एह चरण में केंद्र सरकार के सात मंत्रियन के किस्मत ईवीएम में कैद होई। एह मंत्रियन में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया, नागरिक उड्डयन मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया सामिल बा। आईं जानल जाव तीसरका चरण में चुनाव लड़ रहल मंत्रियन के सीटन के बारे में…

अमित शाह: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह गुजरात के गांधीनगर सीट से एक बेर फेर से चुनाव मैदान में बाड़ें। शाह 2019 में इहां से जीतल रहस। अबकी बेर उनकर मुकाबला कांग्रेस के सोनल पटेल से रहे। सोनल गुजरात महिला कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ी। 2019 में गांधीनगर लोकसभा सीट पर 69.3% मतदान भइल रहे।

ज्योतिरादित्य सिंधिया: हर बेर के तरे गुना लोकसभा सीट एहू चुनाव में एगो चर्चित सीट बनल बा। गुना लोकसभा सीट से भाजपा के ओर से केंद्रीय मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया चुनावी मैदान में बाड़ें। नागरिक उड्डयन आ इस्पात मंत्री सिंधिया अभी मध्य प्रदेश से भाजपा के राज्यसभा सांसद बाड़ें। एह चुनाव खातिर कांग्रेस सिंधिया के सामने राव यादवेंद्र सिंह यादव के आपन प्रत्याशी बनवले बिया। 2019 लोकसभा चुनाव में गुना सीट पs भाजपा के उम्मीदवार डॉ. केपी यादव कांग्रेस के टिकट पs उतरल ज्योतिरादित्य सिंधिया के हरवले रहस। ओह चुनाव में इहां 73% मतदान दर्ज कइल गइल रहे।

प्रह्लाद जोशी: जवन मंत्रियन के सियासी किस्मत एह चरण में दांव पs बा, ओमे प्रह्लाद जोशी सामिल बाड़ें। केंद्रीय कोयला आ संसदीय कार्य मंत्री कर्नाटक के धारवाड़ सीट से भाजपा के प्रत्याशी बाड़ें। इहां कांग्रेस पार्टी के जुवा नेता विनोद आसुती के उतरले बिया। भाजपा के प्रह्लाद जोशी 2019 में इहां से जीतके संसद पहुंचल रहस। पिछला चुनाव में धारवाड़ सीट पs 72.1% वोटिंग दर्ज कइल गइल रहे।

मनसुख मांडविया: महात्मा गांधी के जन्मस्थली पोरबंदर में भाजपा के उम्मीदवार केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया बाड़ें। मांडविया अभी ले गुजरात से राज्यसभा के सांसद रहस। एह चुनाव में उनकर मुकाबला कांग्रेस के ललितभाई वसोया से बा। भाजपा के रमेशभाई लवजीभाई धाडुक 2019 में इहां से जीतल रहस। पिछला चुनाव में पोरबंदर सीट पs 58.9% मतदान भइल रहे।

नारायण राणे: महाराष्ट्र के रत्नागिरि-सिंधुदुर्ग सीट पs लड़ाई रोचक बा। इहां से भाजपा केंद्रीय मंत्री आ महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री नारायण राणे के उतरले रहे। एकरा पहिले राणे महाराष्ट्र से भाजपा के राज्यसभा सांसद रहस। ऊ कोंकण के कुडाल विधानसभा क्षेत्र से कइयन बेर विधायको रह चुकल बाड़ें। एह चुनाव में केंद्रीय मंत्री के मुकाबला शिवसेना (उद्धव गुट) के दु बेर के सांसद विनायक राउत से बा। 2019 लोकसभा चुनाव में रत्नागिरि-सिंधुदुर्ग सीट पs शिवसेना के विनायक राउत सफलता हासिल कइले रहस। ओह चुनाव में इहां 65.6% मतदान दर्ज कइल गइल रहे।

श्रीपद येस्सो नाइक: तीसरका चरण में जवन केंद्रीय मंत्रियन के चुनावी भविष्य दांव पs बा, ओमे केंद्रीय बंदरगाह, जहाजरानी आ जलमार्ग आउर पर्यटन राज्य मंत्री श्रीपद येस्सो नाइक सामिल बाड़ें। नाइक भाजपा के टिकट पs उत्तर गोवा से चुनाव लड़ रहल बाड़ें। उनका सोझा कांग्रेस रमाकांत खलप के उतरले बिया। पूर्व लोकसभा सदस्य खलप गोवा के उप-मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें। 2019 लोकसभा चुनाव में उत्तर गोवा सीट से श्रीपद येस्सो नाइक के जीत मिलल रहे। ओह चुनाव में इहां 79.9% मतदान दर्ज कइल गइल रहे।

 

816390cookie-checkLok Sabha Polls: सात केंद्रीय मंत्रियन के भाग्य आज EVM में होई कैद, अमित शाह, सिंधिया आ मांडविया जइसन दिग्गज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.