Lok Sabha Election 2024: गूगल आज तीसरा चरण के मतदान खातिर डूडल बनवलस

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2024

एह खास मौका प गूगल भी डूडल बनवले बा। एकरा से पहिले भी गूगल पिछला दु चरण के वोट देवे के दिन डूडल बनवले रहे। आज के गूगल डूडल के नाम भारत के आम चुनाव

Share

एह खास मौका प गूगल भी डूडल बनवले बा। एकरा से पहिले भी गूगल पिछला दु चरण के वोट देवे के दिन डूडल बनवले रहे। आज के गूगल डूडल के नाम भारत के आम चुनाव 2024 बा। गूगल डूडल में वोट देवे वाला के हाथ लउकेला।

लोकसभा चुनाव के तीसरा चरण में आज यानी 7 मई के 11 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के 93 सीट प मतदान हो रहल बा। आज कुल 93 सीट प मतदान हो रहल बा जवना में गुजरात के 25, उत्तर प्रदेश के 10, महाराष्ट्र के 11 आ कर्नाटक के 14 सीट शामिल बा ।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मतदाता से रिकार्ड संख्या में वोट देवे के अपील कइले। एकरा बाद पीएम अहमदाबाद के निशान उच्च माध्यमिक विद्यालय में आपन मताधिकार के प्रयोग कइले। एकरा अलावे गृहमंत्री अमित शाह गुजरात के अलग-अलग केंद्र प भी वोट दिहे।

एह खास मौका पर गूगल भी डूडल बनवले बा। एकरा से पहिले गूगल पिछला दु चरण के भी वोट देवे के दिन डूडल बनवले रहे। आज के गूगल डूडल के नाम भारत के आम चुनाव 2024 बा। गूगल डूडल में वोट देवे वाला के हाथ लउकेला। अँगुरी प स्याही के निशान होला जवन वोट डालला का बाद लगावल जाला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.