[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election: पुरी से कांग्रेस उम्मीदवार सुचरिता मोहंती चुनाव लड़े से कइली इनकार; बोलली- फंड देवे में पार्टी सक्षम नइखे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा के पुरी से कांग्रेस उम्मीदवार सुचरिता मोहंती (Sucharita Mohanty) लोकसभा चुनाव लड़े से इनकार कs देलीं। ऊ सनीचर के एह बात के जानकारी देवे के कहलें,”हम टिकट वापस कs देले बानी, काहेकि पार्टी हमरा के फंड देवे के सक्षम नइखे। दूसरका कारण ई बा कि सात विधानसभा क्षेत्रन के कुछ सीटन पs जीते योग्य उम्मीदवारन के टिकट नइखे दिहल गइल बा।”

ऊ आगे कहली कि कांग्रेस के कुछ कमजोर उम्मीदवारन के टिकट मिल गइल बा, हम एह तरे चुनाव नइखी लड़ सकत। बता दीं कि पुरी से भाजपा संबित पात्रा के उम्मीदवार बनवले बा।

ऊ आगे कहलें,”भाजपा आ बीजद पईसा के पहाड़ पs बइठल बाड़ी सs। ई हमरा खातिर बहुते मुस्किल रहे। हर जगे धन के अश्लील प्रदर्शन हो रहल बा। हम अइसन प्रतिस्पर्धा नइखी चाहत।”

हम अपना दम पs धन ना जुटा सकनी…

सुचरिता कांग्रेस महासचिव (संगठन) के.सी. वेणुगोपाल के फंड के कमी के बारे में जानकारियो देले रहनी।”

ऊ चिट्ठी लिखत कहले रहली कि पुरी संसदीय क्षेत्र में हमनी के अभियान बुरा तरे प्रभावित भइल बा काहेकि पार्टी हमरा के फंड देवे से इनकार कs देलस। चूंकि हम अपना दम पs धन ना जुटा सकनी, एहिसे हम पार्टी निधि देवे के आग्रह कइले बानी। पार्टी फंडिग के बिना चुनाव लड़ल हमरा खातिर मुश्किल बा। हम पुरी संसदीय क्षेत्र खातिर कांग्रेस के टिकट वापस कs रहल बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]