[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024: महादेव के शहर में आज अइहें अमित शाह, 25 के प्रधानमंत्री मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lok Sabha Election 2024: भाजपा सूत्रन के मोताबिक प्रधानमंत्री 25 मई के सांझ के काशी पहुंचीहें। उऽ सीधे बरेका ग्राउंड में हेलिकाप्टर से लैंड कऽ के रात्रि विश्राम करिहें। एकरा बाद उऽ अगिला दिन 26 मई के चुनावी सभा खातिर चल जइहें। ए तरे अमित शाह साँझि खा पुलिस लाइन मैदान में लैंड करिहें। एमें वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ सकत बाड़ी।

लोकसभा चुनाव 2024 के छठा आ सातवां चरण के मतदान एक जून के होखे के बा। एमें ज्यादातर सीट पूर्वांचल के बा। एकरा के देखत भाजपा पूरी ताकत झोंक देले बिया। इसी क्रम में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह बियफे के आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 25 मई के अइहें।

भाजपा सूत्रन के मोताबिक प्रधानमंत्री 25 मई के सांझ के काशी पहुंचीहें। उऽ सीधे बरेका ग्राउंड में हेलिकाप्टर से लैंड कऽ के रात्रि विश्राम करिहें। एकरा बाद उऽ अगिला दिन 26 मई के चुनावी सभा खातिर चल जइहें। ए तरे अमित शाह साँझि खा पुलिस लाइन मैदान में लैंड करिहें।

एकरा बाद उऽ ताज होटल में राती खा विश्राम करिहें। आवे वाला दिन में कई गो नेता लो के आवे के संभावना बा। एमें वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ सकत बाड़ी। उऽ व्यापारियन के सम्मेलन में भाग ले सकत बाड़ी। एही तरे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आदि के आवे के सूचना बा।

भाजपा के अबही लक्ष्य पूर्वांचल के आजमगढ़, लालगंज, जौनपुर, मछलीशहर आ भदोही सीट पs स्टार प्रचारकन के उतारे के बा। एह पांच सीटन पs 23 मई के साँझ के चुनाव प्रचार थम जाई। ओकरा बाद पूर्वांचल के वाराणसी, चंदौली, सोनभद्र, मीरजापुर, बलिया, सलेमपुर, गाजीपुर आ घोसी सीटन पs एक जून के मतदान होखे के बा। एही सीटन खातिर स्टार प्रचारक मैदान में उतरिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]