[the_ad_group id="30365"]

सिग्नल चेक करे गइल 3 गो कर्मचारियन के लोकल ट्रेन कचरलस, रेलवे दिहलस जांच के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुंबई से एगो दुखद हादसा के खबर सामने आइल बा। इहाँ पश्चिमी रेलवे के तीन कर्मचारी ड्यूटी के दौरान जान गंवा देले बाड़े। जानकारी के मुताबिक सिग्नल के जांच करत घरी स्थानीय ट्रेन ओ लोग के कुचल देलस। एह हादसा के खबर सुन के सभे अचरज जता रहल बा। पश्चिमी रेलवे एs सभ कर्मचारी के परिवार के मुआवजा देवे अवुरी दुर्घटना के जांच के आदेश जारी कईले बिया। जानीं कि ईs पूरा हादसा कइसे भइल।

पूरा हादसा कईसे भईल?

दरअसल, 22 जनवरी 2024 के सांझ के मुंबई संभाग के सिग्नलिंग विभाग के 3 कर्मचारी, मुख्य सिग्नलिंग इंस्पेक्टर वासु मित्रा, इलेक्ट्रिकल सिग्नलिंग मेंटेनर सोमनाथ उत्तम लाम्बुत्रे अवुरी हेल्पर सचिन वानखड़े सिग्नलिंग प्वाइंट के खराब होखे के समस्या के ठीक करे गईल रहले। हालांकि एहिजा वसई रोड से नायगांव के बीच से गुजरत स्थानीय ट्रेन के टक्कर मार दिहलस अवुरी रात 8.55 बजे उनुकर मउका पs मउत हो गईल।

अधिकारी मउका पs पहुंच गईले

रेलवे के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक एs दुखद दुर्घटना के बारे में जसही जानकारी मिलल, डिवीजनल रेल प्रबंधक अवुरी रेलवे के बाकी वरिष्ठ अधिकारी मउका पs पहुंच गईले। अधिकारी मरेवाला के परिवार के हर संभव मदद कईले। उ हर मरेवाला के परिवार के तत्काल राहत के रूप में 55 हजार रुपिया के राशि देले बाड़े। एकरा अलावे पश्चिमी रेलवे घटना के जांच के आदेश जारी कईले बिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]