[the_ad_group id="30365"]

बिना टिकट पकड़ल गइलें 4656 रेल यात्री, जुर्माना लगावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ट्रेन में बिना टिकट यात्रा कर रहल लोगन के खिलाफ सोनपुर रेल मंडल के ओर से व्यापक स्तर पs चेकिंग अभियान चलावल गइल। जेमे में मेगा टिकट जांच अभियान के तहत बिना टिकट अउर अनियमित टिकट पs यात्रा करे वाला कुल 4656 यात्री पकड़ल गइल लो। रेल मंडल के पीआरआई बतवलें कि मंडल द्वारा यात्रियन के परेसानी मुक्त, आरामदायक यात्रा आ बेहतर सेवा सुनिश्चित करे आउर बिना टिकट यात्रा करे पs लगाम लगावे खातिर लोकल, मेल अउर एक्सप्रेस ट्रेनन के संगे-संगे स्पेशल ट्रेनन में लगातार टिकट चेकिंग अभियान चलाव जा रहल बा।

सोनपुर मंडल के वरिष्ठ अधिकारियन के देखरेख में लगातार सोनपुर मंडल के सब रेल खंडन में टिकट चेकिंग कइल जा रहल बा। एह क्रम में सोनपुर मंडल के सोनपुर, हाजीपुर, मुजफ्फरपुर, बेगूसराय, बरौनी, खगड़िया सहित अलग -अलग रेल खंडन में दिनांक 17 जुलाई के मेगा टिकट चेकिंग अभियान चलावल गइल। मेगा टिकट चेकिंग के दौरान बिना टिकट आ अनियमित टिकटन पs यात्रा करे वाला कुल 4656 यात्री पकड़ल गइल लो, जेम दंड स्वरूप 32 लाख 58 हजार 530 रुपिया वसूलल गइल। रेल प्रशासन द्वारा आवे वाला दिन में एह तरह के अउर टिकट चेकिंग अभियान चलावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]