[the_ad_group id="30365"]

Instagram के होई छुट्टी, बिल गेट्स LinkedIn में देवे जा रहल बाड़े तगड़ा फीचर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में टिक टॉक पs रोक लगला के बाद इंस्टाग्राम के इस्तेमाल में बहुत बढ़ोतरी भईल बा। छोट वीडियो बनावे खातिर युवा लोग के बीच इंस्टाग्राम काफी लोकप्रिय बा। एकर इस्तेमाल खाली वीडियो शेयरिंग खातिर ना बलुक फोटो शेयरिंग खातिर भी बहुतायत से होला। अब ले छोट वीडियो खातिर इंस्टाग्राम के दबदबा रहे लेकिन जल्दिए एकरा के कड़ा प्रतिस्पर्धा के सामना करे के पड़ी। माइक्रोसॉफ्ट के संस्थापक बिल गेट्स एकरा लेके एगो खास योजना बनावत बाड़े।

बता दीं कि माइक्रोसॉफ्ट के स्वामित्व वाली कंपनी लिंक्डइन फिलहाल एगो नाया फीचर पs काम करतिया। आजुकाल्हु कंपनी अपना प्लेटफार्म में वीडियो फीड फीचर तइयार करत बिया। लिंक्डइन के नया फीचर में टिक टोक भा इंस्टाग्राम जईसन छोट-छोट वीडियो देखे के सुविधा मिली। अगर लीक पs विश्वास करे के बा तs लिंक्डइन के छोट वीडियो फीड में भी बहुत खास फीचर दिहल जाई।

यूजर्स ऐड कs सकी लो प्रोफेशनल टॉपिक 

अगर लीक पs विश्वास कईल जाए तs लिंक्डइन के छोट वीडियो फीड फीचर बाकी ऐप से एकदम अलग हो सकता। एह नया फीचर में रउरा कैरियर आ प्रोफेशनल विषय के भी जोड़ सकेनी। कंपनी के मुताबिक, नाया वीडियो फीड फीचर से यूजर के नौकरी के तलाश में भी आसानी होई। अबे इs फीचर डेवलपमेंट चलता अवुरी एकरा लॉन्च के बारे में कंपनी के ओर से कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

फिलहाल इs नईखे पाता चलल कि लिंक्डइन के वीडियो फीड में यूजर खाली वीडियो देख पईहे कि उनुका के वीडियो बनावे के विकल्प भी दिहल जाई। अगर कंपनी वीडियो बनावे के विकल्प देले बिया तs अबे ले कवना प्रकार के वीडियो बनावल जा सकता, एकर जानकारी नईखे दिहल गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]