[the_ad_group id="30365"]

गुजरात : कन्हैयालाल के तरे सूरत में भी युवक के मिलल गला कटले के धमकी, पुलिस सुरक्षा के मांग, प्राथमिकी दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में कन्हैयालाल के समर्थन में पोस्ट लिखला के बाद एगो युवक के धमकी मिले लागल बा। सूरत निवासी युवराज पोखराना नाम के एगो व्यक्ति के गला फाड़ के धमकी दिहल गईल बा। धमकी मिलला के बाद युवक के संगे-संगे उनुका परिवार में भी घबराहट के माहौल बा। जागरण करत युवक थाना में प्राथमिकी दर्ज करा के अपना संगे-संगे परिवार के सुरक्षा के मांग कईले बा।

सूरत में रहेवाला युवराज बतवले कि उनुकर दादा अवुरी बाप उदयपुर के रहेवाला हवे अवुरी दर्जी के हत्या से सभे परेशान बाड़े। पोखराना कहले कि उ दर्जी के हत्या प सोशल मीडिया प कुछ प्रतिक्रिया देले बाड़े, जवना के बाद उनुका भी जान से मारे के धमकी मिलल बा। पोखराना बतवले कि उ सूरत पुलिस से बात क के प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़े। संगही, उ अपना परिवार खाती पुलिस सुरक्षा के मांग कईले बाड़े।

पोखराज कहले – हम कवनो भड़काऊ प्रतिक्रिया ना दिहनी

पोखराज दावा कईले कि उ कवनो भड़काऊ प्रतिक्रिया नईखन देले। बस हम लिखले रहनी कि कन्हैयालाल के एगो खास समुदाय के लोग बेरहमी से हत्या क देले रहे। एहसे ओह समुदाय के कुछ लोग नाराज हो गइल आ ऊ लोग हमरा के जान से मारे के धमकी देबे लागल. एतने ना, कन्हैलाल के गला काटे के धमकी तक देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]