[the_ad_group id="30365"]

हनुमान मंदिर पs गिरल आकाशीय बिजुरी, कुल भइल तहस-नहस, बाकिर प्रतिमा के एगो खरोंच ले नाहीं आइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

सब सुख लहै तुम्हारी सरना, तुम रक्षक काहू को डरना…. दरअसल महाराष्ट्र के धुले जिला के शिरपुर तहसील से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहां भोयटी गांव के हनुमान जी के मंदिर में बिजली गिर गईल। बिजली के चलते मंदिर के कुछ हिस्सा क्षतिग्रस्त हो गईल, लेकिन मंदिर में मौजूद बजरंगबली के मूर्ति समेत कवनो मूर्ति के एको खरोंच तक ना लागल। संगही मंदिर के आसपास रहेवाला लोग के कवनो प्रकार के नुकसान ना भईल। गांव प्रमुख घटना के बारे में प्रशासन के जानकारी देले बाड़े।

गांव के बीच में हनुमान मंदिर मौजूद बा
गुरुवार के सांझ के करीब 5 बजे भोयटी गांव के बीच में स्थित मंदिर में तेज आवाज के संगे बिजली गिरल। बिजली के तीव्रता एतना तेज रहे कि पूरा मंदिर के नुकसान भईल लेकिन मंदिर में लगावल बजरंगबली के मूर्ति समेत कवनो मूर्ति के खरोंच ना लागल।

ई घटना एगो चमत्कार से कम नइखे
मंदिर के मलबा तेज धमाका के संगे परिसर में बिखर गईल। गाँव के लोग बतवले कि मंदिर में तेज आवाज के संगे बिजली गिरल अवुरी मंदिर के बीच के हिस्सा गिर गईल। मंदिर के मलबा परिसर में फैल गईल। लोग हनुमान जी के चमत्कार मान रहल बा कि बिजुरी से मूर्ति के कवनो नुकसान ना भइल। मूर्ति पs बिजली के असर ना भईल इ बात गांव में चर्चा के विषय बन गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]