[the_ad_group id="30365"]

Christmas: क्रिसमस सेलिब्रेशन से पहिले लगाई इs फेस पैक, जगमगा उठी फेस

क्रिसमस में लगाई इs फेस पैक
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

का रउवा भी क्रिसमस के दिन चमकल चाहत बानी? अगर हाँ तs आपके त्वचा के देखभाल के दिनचर्या में केला के शामिल करे के कोशिश जरूर करे के चाही। केला से बनल केमिकल फ्री फेस मास्क के इस्तेमाल से आप अपना त्वचा के खोवल चमक वापस पा सकतानी।

केला के फेस पैक बनावे खातिर पहिले केला के बढ़िया से मैश कs के एगो कटोरी में निकाल लीं। अब मसल के केला में तनी सा दूध डाल दीं। एकरा बाद रउआ भी एह मिश्रण में शहद मिला ली। सब चीज़ मिला के पेस्ट तैयार करीं।

अब रउआ एह नेचुरल फेस पैक के इस्तेमाल कs सकेनी। फेस मास्क के अपना चेहरा अवुरी गर्दन के इलाका पs बढ़िया से लगाई। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर एs फेस पैक के कुछ समय ले अपना त्वचा पs राखे के होई।

चेहरा धोवे के बाद आपके सकारात्मक प्रभाव अपने आप देखाई देवे लागी अवुरी आपके त्वचा के चमक में पहिले के मुक़ाबले सुधार हो जाई। केला, दूध अवुरी शहद, एs तीनों चीज़ में पावल जाए वाला सभ तत्व आपके स्वास्थ्य खातीर वरदान साबित हो सकता।

सप्ताह में एक-दु बेर एs फेस पैक के इस्तेमाल आप कs सकतानी। केला के फेस पैक आपके त्वचा के बेदाग राखे में कारगर साबित हो सकता। हालांकि, एs फेस मास्क के पूरा चेहरा पs लगावे से पहिले पैच टेस्ट कईल ना भूलाए के चाहीं.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 3 गो योगासन, हाथ आ गोड़ के दरद से मिली आराम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]