दिल्ली के CM पs हमला के साजिश, मेट्रो स्टेशन पs लिखल रहे धमकी; AAP लगवलस BJP पs आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

  आम आदमी पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. दिल्ली के कई मेट्रो स्टेशन पs इs धमकी लिखल गईल बा। एकरा अलावे मेट्रो

Share

 

आम आदमी पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. दिल्ली के कई मेट्रो स्टेशन पs इs धमकी लिखल गईल बा। एकरा अलावे मेट्रो पs भी धमकी लिखल मिलल बा। आम आदमी पार्टी एकरा खातीर सीधा भारतीय जनता पार्टी के जिम्मेदार ठहरवले बिया। एकरा संगे राज्यसभा सांसद संजय सिंह एगो प्रेस कांफ्रेंस कईले। उs प्रेस कांफ्रेंस में कहले कि अरविंद केजरीवाल के कुछ भी हो गईल तs ओकरा खातीर भाजपा जिम्मेदार होई। उs कहले कि पीएम मोदी अवुरी भाजपा नफरत अवुरी बदला के भावना में एतना डूबल बाड़े कि अरविंद केजरीवाल के जान लेबे के साजिश रचतारे।

भाजपा भाषा में लिखल धमकी

उs कहले कि ‘जेल में भी बड़ साजिश रचल गईल, शायद सुप्रीम कोर्ट एs साजिश के समझ के ओ लोग के राहत दे देलस।’ एकरा बाद संजय सिंह पटेल नगर मेट्रो स्टेशन के तस्वीर देखावत कहले कि अंकित गोयल नाम के एगो आदमी के फोटो बा। उहाँ के लिखल धमकी बा। अगर अंकित गोयल के लिखल धमकी के भाषा पढ़ीं तs ठीक उहे भाषा हs जवन भाजपा के भाषा हs। पटेल नगर मेट्रो स्टेशन अवुरी मेट्रो के भीतर खुलेआम धमकी लिखल जाता। देश के राजधानी दिल्ली में दिल्ली के सीएम पs हमला करे खातीर खुलेआम धमकी लिखल जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.