[the_ad_group id="30365"]

राजू पाल हत्याकांड में 6 आरोपियन के उम्रकैद, एगो आरोपी के 4 साल के सजा; अतीक-अशरफ नामजद रहे लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा विधायक राजू पाल हत्याकांड में लखनऊ के CBI कोर्ट सब 7 आरोपियन के दोषी करार देले बा। कोर्ट छह के उम्रकैद आ एक दोषी के चार साल के सजा सुनावल गइल बा। पुलिस हिरासत में मारल गइल अतीक अहमद आ भाई अशरफ राजू पाल हत्याकांड में नामजद रहे लो।

CBI के स्पेशल कोर्ट इसरार अहमद, रंजीत पाल, जावेद, गुलशन आ अब्दुल कवि के हत्या करे के दोषी करार देत उम्रकैद के सजा सुनवलस। संगही 50-50 हजार रुपिया के जुर्मनो लगवलस। ओहिजा, फरहान के अवैध असलहा रखे के ममिला में चार साल के कैद आ 20 हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]