[the_ad_group id="30365"]

Special story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: कत्थक आ अभिनय से सभ कs मन मोहे वाली ‘धानी गुप्ता’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव कत्थक आ अभिनय के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहल ‘धानी गुप्ता’ के बारे में..

धानी गुप्ता के जनम गोरखपुर के गिरधरगंज में भइल। इनकरी माई के नाव सरस्वती देवी आ बाबू जी के नाव स्वर्गीय डॉ. आर.के गुप्ता हs। धानी के झुकाव बचपन से डांस के ओर रहे। धानी के उनकर बाबू जी बहुते सपोर्ट रहे। उनकर बाबूजी अपना समय में संगीत सिखावत रहले, उनकर रुचि तबला बजावल रहे अवुरी गोरखपुर के एगो रंग आश्रम रंगमंच में मंच कलाकार रहले। पांच साल के उमिर से ही उs कत्थक सीखे लगली। जइसे-जइसे धानी बड़ भइली, उनकर महत्वाकांक्षा साफ होत गइल आ ऊ इंटरमीडिएट के बाद बनारस चल गइली। ग्रेजुएशन बैचलर आफ परफॉर्मिंग आर्ट कत्थक में कइली आ ओकरा बाद मास्टर आफ परफॉर्मिंग आर्ट कत्थक कइली। एकरा संगे उs एक्टिंग क्लास ज्वाइन कइली काहेकी धानी के अभिनय में भी रुचि रहे। ओकरा बाद उs लगातार काम करत गईली।


2016 में कत्थक खातिर विश्व रिकार्ड बनल, 2018 के रामायण आ कथाक कार्यशाला साउथ अमेरिका में 3 दिन खातिर रहे, ओकरा बाद भारतीय संस्कृति के राष्ट्रीय परिषद के माध्यम से नाटक आ कत्थक दुनो के प्रस्तुति कइली, ओकरा बाद अक्टूबर 2018 में भोपाल के भारत भवन में नाटक के आयोजन भइल। अइसने कई जगहा ऊ आपन अभिनय आ नृत्य कौशल के प्रदर्शन कइली आ धीरे-धीरे अइसने कई गो एल्बम, ऐड कइली।

हालही में होली के मउका पs यायावरी वाया भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पs एगो गीत ‘होली 2024′ रिलीज भईल, जेमे धानी अउर राज मौर्या मुख्य भूमिका बाड़े। जवना के लोग बहुत पसंद करत बा।’

धानी अपना तरक्की के श्रेय अपना माई-बाबूजी के देली, अगर उनुका ओह लोग के सपोर्ट ना मिलल रहित तs उनुकर प्रगति ना होईत।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]