[the_ad_group id="30365"]

दिग्गज एक्टर मनोज कुमार के निधन, 87 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

एक्टर मनोज कुमार के निधन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंदी सिनेमा के बड़हन झटका लागल बा. फिल्म जगत के अधिका से अधिका देशभक्ति फिलिम देबे वाला दिग्गज अभिनेता मनोज कुमार अब नइखन. दशकन ले सिनेमा पs राज करे वाला मनोज कुमार 87 बरीस के उमिर में आखिरी साँस लिहलन. एह बारे में जान लीं.

हिंदी सिनेमा के दिग्गज अभिनेता आ फिल्म निर्देशक मनोज कुमार के निधन हो गइल बा. उs 87 साल के उमर में अंतिम सांस लेले रहले, जानकारी के मुताबिक मनोज कुमार के मउत मुंबई के कोकिलाबेन धीरूभाई अंबानी अस्पताल में हो गईल। 

मनोज कुमार देशभक्ति फिल्म खातिर जानल जात रहले जानकारी के मुताबिक निर्देशक मनोज कुमार कुछ समय से बेमार रहले, जवना के चलते उनुका के कोकिलाबेन धीरूभाई अंबानी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मनोज कुमार भारतीय सिनेमा में देशभक्ति के फिलिमन खातिर जानल जात रहले. एकरा अलावे उनुका के ‘भारत कुमार’ के नाम से भी जानल जाला। उनुका निधन से बॉलीवुड में शोक के लहर पैदा हो गईल बा। 

इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]