[the_ad_group id="30365"]

UP News : त्योहारन के देखत 31 अक्तूबर तक पुलिसकर्मियन के छुट्टियन पs रोक, डीजीपी जारी कइले आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्योहारन के देखत 31 अक्तूबर तक पुलिसकर्मियन के छुट्टियन पs रोक लगा । एकर आदेश डीजीपी मुख्यालय जारी कs देले बा। डीजीपी डॉ. देवेंद्र सिंह चौहान के ओर से सब डीजी, एडीजी, पुलिस आयुक्त, जिला पुलिस, एसएसपी रेलवे, सब पीएसी के कंपनियन के कमांडेंट, जोन आ रेंज के अफसरन के पत्र भेजल गइल बा।

पत्र में कहल गइल बा  कि आवे वाला त्योहार दुर्गा पूजा, दशहरा, दीवाली आ छठ पूजा के देखत सब पुलिस कर्मियन के छुट्टियन पs तत्काल प्रभाव से रोक लगावल जात बा। विशेष परिस्थितियन छुट्टियन के स्वीकृत कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]