[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय: विधि द्वितीय सेमेस्टर के परीक्षा 15 दिन टलल, छात्र कइले रहे लो मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ ओकरा  से संबद्ध कॉलेजन में एलएलबी द्वितीय सेमेस्टर के परीक्षा 15 दिन खातिर टाल दिहल गइल बा। कुलपति छात्रन के मांग पs परीक्षा के 15 दिन टाले के आदेस दिहल गइल बा।

विधि अध्ययन संकाय के अधिष्ठाता प्रो. अहमद नसीम बतवलें कि एलएलबी द्वितीय सेेमेस्टर के छात्रन के ई कहल गलत बा कि ओह लोगन के कक्षा खाली एक महीना चलल बा। ओह लोगन के पहिला सेमेस्टर के लिखित परीक्षा समाप्त होखला के एक सप्ताह बादे टाइम टेबल बनाके कक्षा प्रारंभ कs दिहल गइल रहे।

ऊ आगे कहलें कि शिक्षक लोग अतिरिक्त कक्षा आ ऑनलाइन कक्षा लेके पाठ्यक्रम के पूरा करावल गइल बा। ओहिजा, परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि पहिले ओह छात्रन के परीक्षा 13, 17, 20, 22 आ 24 जून के होखे के रहे। कुलपति छात्रहित के देखत एकरा के 15 दिन खातिर टाल देले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]