[the_ad_group id="30365"]

तकनीकी समस्या के चलते सुनीता विलियम्स के तीसरा अंतरिक्ष मिशन के लॉन्चिंग स्थगित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई उड़ान 7 मई के फ्लोरिडा के केप कैनावेरल स्पेस फोर्स स्टेशन के स्पेस कॉम्प्लेक्स-41 से यानी आज सबेरे 8.04 बजे यूनाइटेड लॉन्च एलायंस एटलस वी रॉकेट से लॉन्च होखे वाला रहे।

सुनीता विलियम्स के अंतरिक्ष यात्रा के तीसरा मिशन प्रक्षेपण से कुछ घंटा पहिले तकनीकी समस्या के चलते स्थगित क दिहल गइल। भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स तीसरा बेर अंतरिक्ष में उड़ान भरे खातिर पूरा तरह से तइयार रहली । सुनीता के आज बुच विलमोर का साथे नया अंतरिक्ष यान बोइंग स्टारलाइनर में उड़ान भरे के रहे । बाकी लॉन्च से कुछ घंटा पहिले कुछ तकनीकी समस्या के चलते फिलहाल मिशन के टाल दिहल गइल।

फिलहाल एह मिशन के शुरुआत के कवनो नया तारीख के घोषणा नइखे भइल। जानकारी के मुताबिक, इ उड़ान यूनाइटेड लॉन्च एलायंस एटलस वी रॉकेट से 7 मई के यानी आज सबेरे 8.04 बजे फ्लोरिडा के केप कैनावेरल स्पेस फोर्स स्टेशन के स्पेस कॉम्प्लेक्स-41 से लॉन्च करे के रहे। आज सुनीता तीसरी बार अंतरिक्ष में उड़े खातिर तैयार हो गइली। सुनीता पहिला बेर 2006 में आ दूसरा बेर 2012 में उड़ान भरले बाड़ी। नासा के मुताबिक, “सुनीता अंतरिक्ष में कुल 322 दिन बितवले बाड़ी।” बोइंग के मुताबिक, क्रू स्पेस ट्रांसपोर्टेशन (सीएसटी)-100 स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान सात यात्री खाती बनावल गइल बा।

चालक दल के सदस्य आ सामान के भी ठहरावल आ ले जाइल जा सकेला। एकरा के बनावे में 10 साल से जादे समय लागल। नासा के कहना बा कि पैराशूट आ एयरबैग के मदद से चालक दल के कैप्सूल दक्षिण पश्चिमी अमेरिका में उतरे से पहिले अंतरिक्ष यात्री प्रयोगशाला में करीब एक हफ्ता बिता जइहें । बता दीं कि नासा 1988 में सुनीता विलियम्स के अंतरिक्ष यात्री के रूप में चुनले रहे आ उनका लगे दुगो अंतरिक्ष मिशन के अनुभव बा। उ अभियान 32 के फ्लाइट इंजीनियर आ अभियान 33 के कमांडर के रूप में काम कइले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]