[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में दु पक्षन के बीच जमके मारपीट: जमीनी विवाद में चलल लाठी-डंडा, एगो पक्ष से महिला सहित 6 लोग जख्मी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के मांझागढ़ थाना क्षेत्र के छितौली गांव में जमीनी विवाद के लेके दु पक्षन के बीच जमके मारपीट भइल। एह मारपीट में एक पक्ष से आधा दर्जन लोग बुरी तरे जख्मी हो गइल। ओह लोगन के इलाज के खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। इमरजेंसी वार्ड में घायलन के इलाज चल रहल बा। सब लोगन के इस्थिति गंभीर बनल बा।

माझागढ़ थाना क्षेत्र के छितौली गांव निवासी रिटायर्ड सब इंस्पेक्टर दरोगा सिंह आउर उनकर पटीदार गुड्डू सिंह के बीच पहिलही से जमीनी विवाद चलत रहे। आपसी रजामंदी के साथे जमीनी विवाद में समझौता हो गइल रहे। एह बीच दरोगा सिंह  अपना पट्टीदारन पs आरोप लगावत बतवलें कि पहिले 15 धुर जमीन खातिर गुड्डू सिंह के संगे चल रहल विवाद खत्म हो गइल रहे। एकरा बादो गुड्डू सिंह विवादित जमीन पs आपन देवाल जोड़त रहले।

विरोध कइला पs गुड्डू सिंह अउर उनकर परिवार के लोग हमरा घर में घुस के महिला समेत 6 लोगन के संगे जमके मारपीट कइले। सब लोग जख्मी हो गइल। ओह लोगन के तत्काल इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। एने, मांझागढ़ थानाध्यक्ष बतवलें कि अभी तक आवेदन प्राप्त नइखे भइल। आवेदन मिलला के बाद जांच कs के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]