पटना में सेवा समाप्त होखला के बाद सीएम हाउस घेरे पहुंचल अतिथि शिक्षकन पs लाठीचार्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2024

पटना में सोमार के सीएम हाउस के सामने अतिथि शिक्षकन पs पुलिस कावर से लाठीचार्ज कइल गइल बा। शिक्षक अपना मांगन के लेके मुख्यमंत्री आवास के घेराव करे पहुंचल रहे लो। पुलिस पहिले ओह लोगन

Share

पटना में सोमार के सीएम हाउस के सामने अतिथि शिक्षकन पs पुलिस कावर से लाठीचार्ज कइल गइल बा। शिक्षक अपना मांगन के लेके मुख्यमंत्री आवास के घेराव करे पहुंचल रहे लो। पुलिस पहिले ओह लोगन के रोकलस, बाकिर जब ऊ लोग ना मानल तs लाठीचार्ज कs के ओह लोगन के उहां से हटवलस। एमे से कइयन गो शिक्षकन के चोट आइल बा।

बिहार के चार हजार से जादे अतिथि शिक्षकन से सरकार सेवा लेने से मना कs देले बिया। 31 मार्च के ओह लोगन के कार्यकाल के आखिरी दिन रहे। शिक्षा विभाग ओह लोगन के सेवा मुक्त कs देले बा। शिक्षक एही के विरोध में घेराव करे पहुंचल रहे लो।

6 साल से स्कूलन में पढ़ा रहल बा लो 4257 अतिथि शिक्षक

बिहार के 4257 अतिथि शिक्षक पिछला छव साल से प्रदेश के उच्च माध्यमिक विद्यालय में काम करत रहे लो। शिक्षा विभाग के ओर से ओह लोगन के सेवा समाप्त करे के फैसला लिहल गइल बा। एकरा के लेके शिक्षा विभाग के निदेशक कन्हैया प्रसाद के ओर से सब जिला शिक्षा पदाधिकारियन के एगो पत्र जारी कइल गइल बा।

अतिथि शिक्षकन के एह वजे हटवलस विभाग

शिक्षा विभाग के ओर से जारी लेटर में कहल गइल बा कि 25 जनवरी, 2018 से राज्य में उच्च माध्यमिक विद्यालयन में अतिथि शिक्षकन के सेवा लिहल जा रहल बा। अभी वर्तमान में कक्षा-9वीं आ 10वीं खातिर 37 हजार 847, कक्षा-11वीं आ 12वीं खातिर 56 हजार 891 आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन में कुल- 94 हजार 738 शिक्षकन के नियुक्ति कइल गइल बा। एह शिक्षकन के स्कूल में जॉइन करा लिहल गइल बा। एह इस्थिति में अतिथि शिक्षकन के सेवा में बना के रखला के कवनो जरूरत नइखे।

शिक्षा विभाग के ओर से आदेस जारी कइल गइल बा कि एक अप्रिल से कवनो परिस्थिति में एह अतिथि शिक्षकन से अब सेवा ना लिहल जाई। अतिथि शिक्षकन के सेवा ना लेवे के प्रमाण पत्र तीन अप्रिल तक जमा करावल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.