[the_ad_group id="30365"]

बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के कैंपस में देर रात भइल बवाल: भारत-पाकिस्तान मैच के बाद भिड़लें दू हॉस्टलन के छात्र, मारपीट में पांच लइके घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) परिसर में अतवार देर रात में छात्रन के दू गुट में मामूली बात के लेके खूब मारपीट भइल। आरोप बा कि एह दौरान दूनों तरफ से पत्थर भी चलावल गइल। घटना में पांच से बेसी छात्र घायल भइल बाड़े। उधर मारपीट करे वालन पर कार्रवाई के मांग के ले के एलबीएस हॉस्टल के छात्र धरना पर बैठ गइलें। घटना के वजह के लेके तरह-तरह के चर्चा बा।

घटना के समय मौजूद लोग में केहू बर्थडे पार्टी के ले के मारपीट होखले के बात कह रहल बा त कुछ लोग भारत पाकिस्तान मैच के दौरान आपसी नोंकझोंक के वजह बतावत रहलें। बिड़ला हॉस्टल अउरी एलबीएस हॉस्टल के छात्रन के बीच मारपीट से परिसर के माहौल एक बेर फिर गरमा गइल। जौने समय ई घटना भइल, ओह समय उहां छात्रावास से जुड़ल अधिकारी भी मौजूद नाइ रहलें।

तीन थाना के फोर्स पहुंचल

करीब 12 बजे बिड़ला हॉस्टल के लग्गे ई घटना भइल। पहिले आपस में कौनो बात के ले के दूनों पक्ष में कहासुनी भइल। बाद में विवाद एतना बढ़ गइल कि दूनों तरफ से मारपीट हो गइल। एहमें पांच से बेसी छात्र घायल हो गइलें। सूचना पाकर मौका पर एसीपी भेलूपुर समेत तीन थाना फोर्स भी विश्वविद्यालय पहुंच गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]