[the_ad_group id="30365"]

CAT 2024 Application: आवेदन फॉर्म में सुधार के आखिरी मवका, आज सांझ पांच बजे तक एह विवरणन में कइल जा सकत बा बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय प्रबंधन संस्थान (IIM) कलकत्ता कॉमन एडमिशन टेस्ट 2024 (CAT 2024) खातिर आवेदन सुधार विंडो आज बंद कs दी। जदि कवनो उम्मीदवार के आवेदन पत्र में कवनो त्रुटि बा तs ऊ आज तक ओमे बदलाव कs सकत बा, हालांकि सब जानकारी में बदलाव नइखे कइल जा सकत। आवेदन पत्र में संसोधन करे खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट (iimcat.ac.in) पs जा सकत बा लो। आवेदन पत्र में बदलाव करे खातिर उम्मीदवारन के अपना लॉगिन क्रेडेंशियल जइसे यूजर आईडी आ पासवर्ड दर्ज करे के होई।

आधिकारिक अधिसूचना के अनुसार, कैट 2024 आवेदन पत्र के संपादित करे के अंतिम तिथि 30 सितंबर बा। जदि उम्मीदवार के ओर से जरुरी होखे तs खाली फोटोग्राफ, हस्ताक्षर आ शहर के प्राथमिकन के अपडेट करे खातिर संपादन विंडो 27 सितंबर (सबेरे 10 बजे) से 30 सितंबर (सांझ 5 बजे), 2024 तक उपलब्ध होई, ओह लोगन खातिर जे आपन आवेदन पत्र सफलतापूर्वक जमा कs देले बा।”

नइखे बदलल जा सकत ई जानकारी

आईआईएम कैट खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के सहूलियत खातिर सुधार विंडो खोलल गइल बा। ताकि ऊ अपना आवेदन फॉर्म में भइल त्रुटियन के सुधार सके। हालांकि, एकरा खातिर ओह लोगन के अतिरिक्त शुल्क ना देवे के होई। जे उम्मीदवार कैट के खातिर आवेदन कइले बा, ऊ समय रहते आप फॉर्म जांच लेस, जदि ओमे कवनो त्रुटि होखे तs ओकरा के समय से सुधार लीं। तस्वीर, हस्ताक्षर आ परीक्षा शहर के प्राथमिकतन सहित विशिष्ट विवरणन के संशोधित करे के अवसर मिली। हालांकि नीचे बतावल गइल विवरणन में सुधार ना कइल जा सकी।

  • ईमेल
  • पता
  • जन्म तिथि
  • मोबाइल नंबर
  • परीक्षा तिथि

कैट-2024 24 नवंबर के तीन पालियन में ऑनलाइन मोड में होई। पहिला पाली सबेरे 8:30 बजे से 10:30 बजे तक, दूसरका शिफ्ट दुपहरिया 12:30 बजे से दुपहरिया 2:30 बजे तक होई आ आखिरी शिफ्ट शाम 4:30 बजे से सांझ 6:30 बजे तक चली। संस्थान 4 नवंबर के प्रवेश पत्र जारी करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]