[the_ad_group id="30365"]

Land for Job Scam: लालू परिवार के बढ़ल मुश्किल, तेजस्वी-राबड़ी आ मीसा के खिलाफ ईडी दायर कइलस चार्जशीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमीन के बदले नौकरी के मामला में लालू यादव आ उनकर परिवार के समस्या बढ़ गइल बा। ईडी लालू यादव, तेजस्वी यादव आ मीसा भारती समेत 11 लोग के खिलाफ राउस एवेन्यू कोर्ट में आरोप पत्र दायर कइले बा। आरोप बा कि रेल मंत्री के पद पs रहला के दौरान लालू यादव जमीन के बदला में नौकरी दे देले रहले।

नौकरी खातिर जमीन के मामला में ईडी लालू परिवार पs आपन पकड़ कड़ा कऽ देले बिया। नई दिल्ली के राउस एवेन्यू कोर्ट में 11 गो आरोपियन के खिलाफ आरोप पत्र दायर कइल गइल बा। एमें लालू यादव, तेजस्वी यादव आ मीसा भारती के नाम शामिल बा। अदालत एह मामिला के सुनवाई 13 अगस्त के करी।

रेलवे में भर्ती में धांधली से संबंधित मामला

इ मामला रेलवे में बहाली में धांधली से जुड़ल बा। आरोप बा कि लालू यादव जब रेल मंत्री रहले तऽ नौकरी के बदला में लोग के जमीन आ फ्लैट देले रहले। इ घोटाला रेलवे के 11 जोन में ग्रुप डी के बहाली से जुड़ल बा। ईडी के आरोप बा कि लालू परिवार के नौकरी के बदला में बहुत लोग से जमीन अउरी फ्लैट मिलल रहे।

बिना विज्ञापन आ सार्वजनिक सूचना जारी कइले बहाली कइल गइल रहे

जांच में पाता चलल कि ए बहाली खातिर कवनो विज्ञापन चाहे सार्वजनिक सूचना जारी ना भइल रहे। पटना में रहे वाला बहुत लोग के मुंबई, जबलपुर, कोलकाता, जयपुर आ हाजीपुर के रेलवे जोन में नौकरी दिहल गइल। बताया गइल बा कि रेलवे में अइसन नियुक्तियन खातिर कवनो विज्ञापन भा कवनो सार्वजनिक नोटिस जारी ना कइल गइल रहे, ओकरा बादो पटना के निवासी नियुक्त व्यक्तियन के मुंबई, जबलपुर, कोलकाता, जयपुर आ हाजीपुर इस्थित अलग अलग क्षेत्रीय रेलवे में स्थानापन्न के रूप में नियुक्त कइल गइल।

जांच में बहुत महत्वपूर्ण दस्तावेज आ सबूत मिलल बा

ईडी के कहनाम बा कि पहिले लोग के अस्थायी नौकरी दिहल गइल आ बाद में ओह लोग के स्थायी बना दिहल गइल। जांच के दौरान एगो हार्ड डिस्को  मिलल जवना में नौकरी पावे वाला लोग के सूची रहे। एह मामला में सीबीआई 18 मई 2022 के मामला दर्ज करवले रहे। एमें लालू यादव, उनकर पत्नी राबड़ी देवी, बेटी मीसा भारती आ हेमा यादव के अलावा कुछ अनजान लोग पs आरोप लगावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]