[the_ad_group id="30365"]

किडनी के इलाज करावे सिंगापुर गइल लालू यादव दिवाली के रात दिल्ली लवटले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिंगापुर किडनी के इलाज करावे गइल आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद यादव दिवाली के रात दिल्ली लवट आइल बाड़े। सिंगापुर में बेटी रोहिणी आचार्य के संगे रहके लालू इलाज करवावत रहस। कोर्ट से लालू के 25 अक्टूबर तक देश से बाहर रहला के अनुमति मिलल रहे।

जानकारी के मोताबिक लालू यादव दिल्ली में अपना बड़ बेटी मीसा भारती के आवास प ठहरल बाड़े। गौर करे वाला बात बा कि चारा घोटाला केस में सजायाफ्ता लालू यादव 11 अक्टूबर के किडनी के उपचार करावे खातिर सिंगापुर गइल रहस। कोर्ट लालू के उपचार करावे खातिर विदेश जाये के सशर्त इजाजत देले रहे।

एकरा पहिले दीवाली के मौका प बेटी रोहिणी लालू प्रसाद के साथ वाला कइयन गो फोटो सोशल मीडिया प पोस्ट कइली। रोहिणी लिखली – ‘ एह देश के जरूरत बा राउर मवजूदगी के ताकि देश मुकाबला कर सके आततायी सोच के… प्रेम भावना के दीया अपने हृदय में जराई… खुशियन के अंजोर सारा संसार में फइलाई, दीवाली के अंजोर संसार में फइलाई… दीवाली के शुभकामना’।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]