[the_ad_group id="30365"]

लालू यादव के तबीयत में सुधार, तेजस्वी ट्वीट कs के कहलें ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद अध्यक्ष लालू यादव के स्वास्थ में लगातार सुधार हो रहल बा। हो सकेला कि जल्दिये उनका के सीसीयू से प्राइवेट वार्ड में शिफ्ट कर दिहल जाव। एम्स के डॉक्टरन के कहनाम बा कि लालू यादव के कंधा आ जांघ में मामूली फ्रैक्चर भईल रहे, जवना के चलते उनका कवनो तरे के सर्जरी के जरूरत नईखे। लालू यादव के तीन से चार दिन में उनका गोड़ पs चलावे के कोसिस कईल जाई।

बतावल जात बा कि बियफे के लालू यादव खिचड़ी खईले। परिवार के लोग से बातो कईले। हालांकि डॉक्टर उनका के बेसी बात करे से मना कs दिहल लो। जानकारी के मो ताबिक लालू यादव के ऑक्सीजन सपोर्ट हटा दिहल गईल बा। अब उनका के खाली रात में सुते के बेरा ऑक्सीजन दिहल जा रहल बा।

तेजस्वी कहले – अफवाह मत फइलावल जाव

ओने राजद सुप्रीमो के छोट बेटा तेजस्वी यादव ट्वीट कs के अपना बाबूजी के स्वास्थ के जानकारी देले। उ कहले कि, लालू यादव के स्वास्थ लगातार बेहतरी के दिशा में बा। उनुका के गहन चिकित्सा निगरानी में राखल गईल बा। सभे शुभचिंतक, समर्थक, कार्यकर्ता आ देशवासियन से निहोरा बा कि कवनो भ्रामक खबर के लेके चिंता नईखे करे के।

बुध का दिने एम्स में भर्ती करावल गइल रहे

लालू यादव पहिलही से बहुत तरे के बेमारियन से त्रस्त बाड़े। अतवार के उ राबड़ी देवी के आवास पs सीढ़ी से फिसल गईले। एकरा चलते उनुका कंधा आ जांघ के हड्डी फ्रैक्चर हो गईल। एकरा बाद उनका के पटना के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। हालांकि, बेहतर इलाज खाती बुध के उनुका के एयर एम्बुलेंस से दिल्ली ले आवल गईल आ एम्स में भर्ती करावल गईल।

राजनाथ तेजस्वी से बात कईले

खबर बा कि केंद्रीय रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह तेजस्वी यादव से फोन पs बात कईले आ उनकर बाबूजी लालू यादव के स्वास्थ के बारे में पूछताछ कईले। एकरा से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ कांग्रेस नेता राहुल गांधी तेजस्वी यादव से फोन पs बात कईले रहे लो आ लालू के स्वास्थ के बारे में पूछताछ कईले रहे लो। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पटना के अस्पताल पहुंच के उपडेट लेले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]