[the_ad_group id="30365"]

लालू यादव के ट्वीट से बिहार में बवाल, अदालत तक पहुंचल मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के खिलाफ सोमार के शिकायत दर्ज करावल गइल बा। एह में बलात्कार के मामला के लेके आपत्तिजनक तरीका से बिहार के जिक्र करे के आरोप लागल बा। ई शिकायत अधिवक्ता सुधीर कुमार ओझा कइले बाड़न। कोर्ट एकरा के सुनवाई में रखले बिया। एकर अगिला सुनवाई 24 अक्टूबर के होई।

बता दीं कि लालू यादव एतवार के ट्वीट कइले रहले। जवना में उऽ राज्य में बलात्कार के बहुत मामला के पर्दाफाश कइले रहले। एकरा संगे उ अइसन कैप्शन लिखले जवना से बिहार के राजनीति में बवाल मच गइल बा।

लालू यादव के ट्वीट से बिहार में बवाल

एह कैप्शन के लेके जदयू लालू यादव के घेर लिहलस।  जदयू के प्रदेश अध्यक्ष उमेश सिंह कुशवाहा एतवार के दिने कहलन कि राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद बिहार के तुलना बलात्कार शब्द से कऽ के राज्य के जन भावना के ठेस पहुँचा दिहले बाड़न। राजद मुखिया अपना एक्स हैंडल पs जवन लिखले बाड़े उऽ सीधा बिहार के संस्कृति आ पहचान पs हमला बा।

जदयू नेता का कहले?

उऽ आगे कहले कि लालू के पोस्ट से पूरा राज्य शर्मिंदा हो गइल बा। उऽ कहले कि लालू-राबरी के शासन में सत्ता से सुरक्षित अपराधी के एतना डर रहे कि राज्य के महिला अपना घर के दुआर से बहरी तक ना कदम रखली।

उमेश कहले कि वर्तमान कानून व्यवस्था के संबंध में कवनो बयान देवे से पहिले लालू आ परिवार के अपना कार्यकाल के इतिहास जरूर पलटे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]