[the_ad_group id="30365"]

लालू प्रसाद के साला साधु यादव के सुनावल गइल तीन साल के सजा, MPMLA कोर्ट देलस फसीला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजनीतिक गलियारन से बड़ खबर आ रहल बा जहां राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के साला आ पूर्व विधायक साधु यादव के पटना के एमपीएमएलए कोर्ट तीन साल के कैद के सजा सुनवले बा। साधु यादव के लालू यादव आ राबड़ी देवी के राज में बड़ धाक होखल करत रहे।

लालू के दौर में बड़ हैसियत रहे

लालू यादव के हाथ से बिहार के सत्ता गइला के बाद साधु के साथ बहिन आ जीजा के साथे रिश्तन के डोर कमजोर हो गइल तs ऊ राजनीति में अर्श से फर्श पs आ गइले। बिहार में लालू प्रसाद यादव आ राबड़ी देवी के सरकार के दौर में लालू के दुनों साला अनिरुद्ध यादव उर्फ साधु यादव आ सुभाष यादव के बड़ हैसियत होखल करत रहे।

लालू के दहिना हाथ मानल जात रहे

लालू राज के समय शासन-प्रशासन में उनका के लालू आ राबड़ी के दहिना हाथ मानल जात रहे। लालू साधु के विधान परिषद सदस्‍य आ विधायको बनवले। साल 2004 के लोकसभा चुनाव में राजद के टिकट से साधु यादव गोपालगंज सीट से सांसदो बनले। एकरा संगही लालू अपना दूसरका साला सुभाष यादवो के राजनीति में आगे बढ़वले।

साधु यादव खुलके बगावत पs उतर गइल रहस

बता दीं की लालू प्रसाद के छोट बेटा तेजस्वी यादव के बियाह के बाद उनकर मामा साधु यादव खुलके बगावत पs उतर गइल रहस। ऊ तs तेजस्‍वी के पटना अइला पs जूतन के माला से स्वागत करे के बात तक कह देले रहले। एही बात से भड़क के लालू के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव मामा साधु यादव के अपना हद में रहे, ना तs गरदा छोड़ा देवे के धमकी दे डलले। साधु यादव ले लालू परिवार से रिश्ता एतना कमजोर हो गइल की ऊ अपना भांजियन, बहिन राबड़ी देवी आ जीजा लालू प्रसाद यादव के खिलाफ मोर्चा तक खोल देले रहस।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]