[the_ad_group id="30365"]

Lal Bahadur Shastri Jayanti: जब प्रधानमंत्री रुकवा दिहले बेटा के प्रमोशन, जवन बन गइल मिसाल 

लाल बहादुर शास्त्री: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजु देश के दू गो महापुरुषन के जनमदिन हs. गांधीजी के अलावे पूर्व प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के जनम भी एही दिन भईल रहे। लाल बहादुर शास्त्री के जनम 2 अक्टूबर 1904 के मुगलसराय, यूपी में भइल रहे। शास्त्री जी कद में छोट रहले बाकिर बड़ फैसला आ उच्च विचार खातिर याद कइल जाले. उs जीवन भर आम आदमी के हित के वकालत कईले। शास्त्री भारत के स्वतंत्रता संग्राम में अहम भूमिका निभवले आ बाद में जवाहरलाल नेहरू के बाद भारत के तीसरका प्रधानमंत्री के पद सम्हरले।

जय जवान, जय किसान के दिहले नारा

शास्त्री के 1965 के भारत-पाक युद्ध के दौरान उनुकर नेतृत्व अवुरी उनुकर प्रतिष्ठित नारा जय जवान, जय किसान (सैनिक के जय, किसान के जय) खातीर सबसे जादे याद कईल जाला। उs भ्रष्टाचार के खिलाफ लिहल फैसला अवुरी अपना विनम्र स्वभाव खातीर खातीर जानल जात रहले। उनकर सादगी, ईमानदारी आ देशभक्ति के सर्वविदित बा।

आपन बेटा के प्रमोशन रोकवा दिहले

लाल बहादुर शास्त्री जब प्रधानमंत्री रहले तs उs अपना बेटा के प्रमोशन रुकुवा दिहले। असल में उनुका एह बात के जानकारी मिलल कि उनुका बेटा के नौकरी में नाजायज तरीका से प्रमोशन मिलल बा. एहसे उs नाराज हो गईले अवुरी तुरंत प्रमोशन वापस लेवे के आदेश जारी कs देले। बतावल जाता कि बेटा के प्रमोशन करेवाला अफसर पs उs बहुत नाराज रहले अवुरी तुरंत प्रमोशन वापस लेवे के आदेश जारी कs देले।शास्त्री जी के ई फैसला दोसरा नेता लोग खातिर प्रेरणा के स्रोत बा.

एक बेर जब ऊ देश के गृहमंत्री रहले, जब कवनो सरकारी काम खातिर कलकत्ता (अब कोलकाता) गइल रहले तs लवटे में देर हो गइल. उड़ान से छूटले के डर रहे। सड़क से एयरपोर्ट जात रहले तs जाम में फंस गईले। पुलिस आयुक्त चाहत रहले कि सायरन वाला एस्कॉर्ट के काफिला के आगे ले जाइल जाव जेहसे कि ऊ जाम से बाहर निकल सके. बाकिर शास्त्री अयीसन करे से इनकार कs देले अवुरी कहले कि अयीसन कईला से आम जनता के परेशानी होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]