[the_ad_group id="30365"]

शटलर लक्ष्य सेन कनाडा ओपन जीतलें: चीन के ली शी फैंग के हरवलें; 67 साल में खाली 2 इंडियन ई चैंपियनशिप जीतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लक्ष्य सेन कनाडा ओपन में मेंस सिंगल्स के खिताब जीत लेले  बाड़ें। लक्ष्य देर रात कैल्गरी में भइल फाइनल में ऑल इंग्लैंड चैम्पियन चीन के ली शी फैंग के हरवलें। कांटा के टक्कर में भारत के जुवा शटलर के 21-18, 22-20 से जीत मिलल।

विमेंस सिंगल्स में जापान के अकाने यामागुची चैम्पियन बनलीं। ऊ देर रात भइल फाइनल में थाईलैंड के रत्चानोक इंतानोन के 21-19, 21-16 से हरवली। यामागुची सेमीफाइनल में भारत के पीवी सिंधु के हरवले रहली।

कनाडा ओपन जीते वाला दूसरा भारतीय

1957 से खेलल जा रहल कनाडा ओपन चैम्पियनशिप में मेंस सिंगल्स के खिताब जीते वाला लक्ष्य दूसरका भारतीय बनलें। उनका से पहिले 2016 में बी साई प्रणीत मेंस सिंगल्स के खिताब जीतले रहस था। 2016 में मेंस डबल्स में मनु अत्री आ बी सुमित रेड्डी के जोड़ियो  खिताब जीतले रहे। 2015 में विमेंस डबल्स में ज्वाला गुट्टा आ अश्विनी पोनप्पा के जोड़ी खिताब जीतले रहे।

क्वार्टर फाइनल में करे के पड़ल रहे मशक्कत

चीन के फैंग के खिलाफ लक्ष्य के फाइनल बहुते रोमांचक रहल। लक्ष्य लगातार अटैक कइल जारी रखलें आ फाइनल 21-18, 22-20 के अंतर से जीत लेलें। लक्ष्य सेन के चैम्पियनशिप में सबसे जादे मेहनत क्वार्टर फाइनल में करे के पड़ल, जहां बेल्जियम के जूलियन करागी के खिलाफ 57 मिनट तक चलल मुकाबला में उनका 3 गेम खेलला के बाद जीत मिलल। लक्ष्य ई मुकाबला 21-8, 17-21 आ 21-10 के अंतर से जीतले रहस।

ऊ फर्स्ट आ सेकेंड राउंड के मुकाबला 31 आ 38 मिनट के भीतर 2 गेम में जीत लेले रहस। सेन सेमीफाइनल में जापान केंता निशिमोटो के 21-17, 21-14 के अंतर से 44 मिनट में हरा देले रहस।

फोटो साभार: दैनिक भास्कर

करियर के चउथा सिंगल्स खिताब जीतलें 

21 साल के लक्ष्य यूथ बैडमिंटन के बॉय्ज सिंगल्स कैटेगरी में एगो गोल्ड, एगो सिल्वर आ 2 ब्रॉन्ज जीत चुकल बाड़ें। सीनियर कैटेगरी में खेलल सुरू कइला के बाद 2019 में ऊ डच ओपन के खिताब जीतलें। ओहि साल 2019 में लक्ष्य सारलॉरलक्स ओपन चैंपियनशिपो के खिताब जीतलें।

2022 से लक्ष्य के गोल्डन ईयर सुरू भइल इहां ऊ इंडिया ओपन जीतलें आ भारत खातिर टीम चैम्पियनशिप में थॉमस कप आ कॉमनवेल्थ गेम्स के गोल्ड मेडल अपना नावे कइलें। साल 2022 लक्ष्य जर्मन ओपन आ ऑल इंग्लैंड ओपन में रनर-अप रहलें आ अब 2023 में कनाडा ओपन जीतके आपन चउथा मेंस सिंगल्स टाइटल जीत लेलें।

2023 में लक्ष्य के पहिला खिताब

कनाडा ओपन के खिताब एह साल लक्ष्य के पहिलका खिताब हs। उनकर ई एह साल के 11वां BWF कॉम्पिटिशन रहे। एकरा पहिले लक्ष्य खाली थाइलैंड ओपन के सेमीफाइनल में पहुंच सकल रहस, बाकी चैम्पियनशिप में उनका फर्स्ट, सेकेंड भा थर्ड राउंड में हारके बाहर होखे के पड़ल रहे।

ऊ एह साल इंडोनेशिया ओपन के राउंड ऑफ 16 में किदांबी श्रीकांत से हरलें। सिंगापुर ओपन के फर्स्ट राउंड में चीनी ताइपे के चोऊ टिएन चेन से हरलें आ थाईलैंड ओपन के सेमीफाइनल में उनका के थाईलैंड के खिलाड़ी कुन्लावुत वितिसार्न हरवलें।

एही साल लक्ष्य के मलेशिया मास्टर्स के सेकेंड राउंड, स्विस ओपन के फर्स्ट राउंड, ऑल इंग्लैंड चैम्पियनशिप के सेकेंड राउंड, जर्मन ओपन के फर्स्ट राउंड, इंडोनेशिया मास्टर्स के क्वार्टर फाइनल, इंडिया ओपन के सेकेंड राउंड आ मलेशिया ओपन के फर्स्ट राउंड में हार के सामना करे के पड़ल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]