[the_ad_group id="30365"]

भीषण आग में धधक उठल हॉलीवुड, आगे बढ़ल ऑस्कर नॉमिनेशन के तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिकी फिल्म शहर लॉस एंजलेस के जंगल में भारी आग लाग गइल बा. एs आग के चलते 5 लोग के मउत हो गईल अवुरी सैकड़न घर जर के राख हो गईल। ई आग पूरा अमेरिका के हिला दिहले बा. अमेरिका के फिल्मी शहर हॉलीवुड भी एह आग से प्रभावित भइल बा। ऑस्कर के नामांकन के तारीख भी बढ़ा दिहल गईल बा। एह आग पs प्रियंका चोपड़ा भी आपन प्रतिक्रिया देले बाड़ी। प्रियंका अपना इंस्टाग्राम पs एs बारे में एगो पोस्ट शेयर कईले बाड़ी। जवना में प्रियंका लिखले बाड़ी कि, ‘हमार संवेदना ओह सब लोग के संगे बा जे एs आग के चंगुल में आ गइल बा. आशा बा कि रउरा सभे भी सुरक्षित बानी। तेजी से बढ़त आग से हजारों एकड़ जमीन अवुरी सैकड़न घर तबाह हो गईल बा। ओह सब जवानन के हम नमन करत बानी जे रात भर आगे आके लोग के मदद करत आइल बा. बिना थकले लगातार काम करे के राउर भावना के प्रणाम करत बानी।”

ऑस्कर नॉमिनेशन्स के लेके आगे बढ़े के फैसला
एकेडमी ऑफ मोशन पिक्चर आर्ट्स एंड साइंसेज अकादमी ऑस्कर खातिर नामांकन के वोटिंग विंडो बढ़ा दिहले बिया. लगभग 10,000 अकादमी सदस्यन खातिर वोटिंग 8 जनवरी से शुरू भइल आ 12 जनवरी के खतम होखे वाला बा. हालांकि अब ई समय सीमा दू दिन बढ़ा दिहल गइल बा आ 14 जनवरी के खतम हो जाई. लॉस एंजलेस में बढ़त भारी आग के देखत अकादमी ई फैसला कइले बिया. एतने ना, जवन नामांकन के घोषणा मूल रूप से 17 जनवरी के होखे वाला रहे, अब 19 जनवरी के घोषणा हो गईल बा। अकादमी बुध के दिने सीईओ बिल क्रेमर के सदस्यन के ईमेल भेजलस जवना में तारीख में बदलाव के विस्तार से बतावल गइल बा. जवना में अकादमी लिखले बिया कि, ‘हम दक्षिणी कैलिफोर्निया में भईल विनाशकारी आग से प्रभावित लोग के प्रति गहरा संवेदना व्यक्त कईल चाहतानी।’ हमनी के कई गो सदस्य आ इंडस्ट्री के साथी लॉस एंजिल्स इलाका में रहेलें आ काम करेलें आ हमनी के रउरा बारे में सोचत बानी जा. अब एह आग में फंसल लोग के सुरक्षित निकालल जा रहल बा। अमेरिका में कड़ा जाड़ा के बीच लागल इs आग सभके चिंता में डाल देले बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 3 गो योगासन, हाथ आ गोड़ के दरद से मिली आराम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]