[the_ad_group id="30365"]

मंगाफ अग्निकांड में मृतकन के परिजनन खातिर कुवैत कइलस मुआवजे के एलान, मिली अतना रूपिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुवैत के मंगाफ अग्निकांड में मुआवजा के एलान हो गइल बा। कुवैत सरकार अग्निकांड में मारल गइल लोगन के परिजन खातिर 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर (लगभग 12.5 लाख रुपये) देवे के एलान कइले बिया। बता दी कि बीत हफ्ता भइल एह अग्निकांड में 50 लोगन के मौत हो गइल रहे। मृतकन में 46 भारतीय शामिल रहलें।

कुवैत सरकार दक्षिणी अहमदी प्रांत के मंगाफ में लागल भीषण आग में मृत लोगन के परिवारन के 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर (लगभग 12.5 लाख रुपये) दिही। बता दी कि एह अग्निकांड में 46 भारतीयन सहित 50 लोगन के मौत हो गइल रहे।

शॉर्ट सर्किट के कारण लागल रहे आग

कुवैती अधिकारियन के अनुसार, मंगाफ शहर में 12 जुलाई के सात मंजिला इमारत में लागल भीषण आग भूतल पs इस्थित गार्ड के कमरा में शॉर्ट सर्किट के चलते लागल रहे। एह इमारत में 196 प्रवासी कामगार रहत रहले, जवना में से ज्यादातर भारतीय रहले।

मुआवजा देवे के आदेश

अरब टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार, कुवैत के अमीर शेख मेशल अल-अहमद अल-जबर अल-सबाह के आदेश पs मृतक के परिवारन के 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर के मुआवजा मिली।

सरकारी सूत्रन के हवाला से अखबार कहलस कि मुआवजा के भुगतान के प्रक्रिया जलदिए शुरू कइल जाई आ एकरा के मृतकन के देशन के दूतावासन के दिहल जाई। संबंधित दूतावास सुनिश्चित करिहें कि मृतक के परिवारन के तुरंत आ सुचारू रूप से धनराशि बाँटल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]