[the_ad_group id="30365"]

Kushinagar Mahotsav: राधा-कृष्ण पs भइल फूलन के वर्षा, जयकारा से गूंजल वातावरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Kushinagar Mahotsav: कुशीनगर महोत्सव के अंतर्गत तमकुही विकास खंड के बरवा राजापाकड़ के हनुमान सरोवर के तट पs सांस्कृतिक संध्या के आयोजन भइल। शिव-राम जानकी मंदिर परिसर में आयोजित एह सांस्कृतिक संध्या में ब्रज के रासलीला आ फूलन के होली के दौरान श्रद्धालु भक्ति सागर में गोता लगावल। कलाकार अपना प्रदर्शन से मंत्रमुग्ध करे वाला कार्यक्रम प्रस्तुत कs के दर्शकन के वाहवाही बटोरल लो। दर्शक लोग कलाकारन पs खूब फूल बरसावल आ जमके थिरकल लो।

वीरेंद्र भारती बटोरलें वाहवाही

एकरा पहिले पूर्व महंत नारायण के भजनन से कार्यक्रम के शुभारंभ भइल। महुआ चैनल पs प्रसारित सुर संग्राम प्रतियोगिता के तृतीय संस्करण के विजेता वीरेंद्र भारती मां विंध्यवासिनी के वंदना, सोहर आ लोकप्रिय गोदना गीत के संगे आउर गीत प्रस्तुत कs के वाहवाही बटोरलें। कलाकार शिवम, मुस्कान,  संदीप, बबीता, विकास, शिवानी, अभिषेक, धर्मेंद्र, आशुतोष, प्रिंस, रितेश आदि ब्रज के रासलीला आ फूलन के होली प्रस्तुत कs के सारा आकर्षण अपना ओर खींच लिहल लो।

मील के पत्थर बा कुशीनगर महोत्सव

मुख्य अतिथि एमएलसी रतनपाल सिंह आयोजक विनय राय के प्रति आभार प्रकट करत लगातार 11 साल से चल रहल कुशीनगर के एह आयोजन के मील के पत्थर बतवलें। ऊ हनुमान सरोवर के सुंदरीकरण के आश्वासन देलें। कुशीनगर नगर पंचायत अध्यक्ष प्रतिनिधि राकेश जायसवाल स्थानीय कलाकारन के प्रशंसा करत कहलें कि महोत्सव उचित मंच प्रदान कs के एह लोगन के प्रतिभा के तराश रहल बा। आयोजक विनय राय आभार जतावत कहलें कि महोत्सव निरंतर आत्मनिर्भर भारत के साकार करे आ सामाजिक समरसता के प्रतिष्ठित करे में जुटल बा।

संचालन पं. प्रद्युम्न पांडेय आ राजन सिंह संयुक्त रूप से कइल लो। एह दौरान संजय सिंह प्रधान प्रतिनिधि मुन्नीलाल, प्रधान अशोक पाल, हरिदास, ओमप्रकाश जायसवाल, धर्मवीर कुमार, नन्दलाल चौहान, रमेश गोंड, अशोक पटेल, पंकज वर्मा, प्रमोद चौहान, जयप्रकाश वर्मा, कन्हैया चौहान, जितेंद्र वर्मा, राजू जायसवाल, आनंद पाठक, नंदू वर्मा, अंबेश वर्मा, अखिलेश गुप्ता, रवि रजक, सूरज रजक, अंशू रजक, महेश पटेल व अमित रावत आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]