Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुशीनगर: मातम में बदलल खुशी: बियाह के समारोह के घरी इनार ढ़हला से 13 के मौत, एक दरजन से बेसी लोग घायल

घटना के बाद गांव के प्रिंस आ रविशंकर संगे कव गो लोग अपना जान के परवाह ना कइलस आ अन्हार रहला के बादो गहिराह इनार में उतर गइल....

325

नेबुआ नौरंगिया थाना क्षेत्र के नौरंगिया गांव में बियाह के काज-करम के घरी, बुध के देर रात भइल हादसा में 13 गो लोग के मौत हो गइल। रसम के बेरा इनार के स्लैब टुटला से ई हादसा भइल। मरे आला लोगन में मेहरारू, लईकी आ बच्ची सामिल बा लो। एक दरजन से बेसी लोग गंभीर तरे घायल बा, ओह लोगन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। इनार में आउर लोगन के होखला के सक पs। देर रात ले बचाव के काम चलत रहल।

जानकारी के अनुसार, राते हरदी के मटकोड़ के रसम के घरी अचके इनार के स्लैब टूट गइल आ 25 गो से बेसी लोग इनार में भरभरा के गिर गइल। मरे आला लोगन में से दु लोग के परिचे अभी ले नइखे मिलल। घटना के बाद समूचा गांव में गमी छा गइल। सादी आला घर में चीख पोकार मच गइल। सूचना पs पुलिस आइल आ अगरी-कगरी के लोगन संगे मिलके सभका के इनार से निकललस। गांव से जिला अस्पताल ले हाहाकार मचल रहल। कमिश्नर, डीआईजी, डीएम, एसपी मवका पs पहुंच के राहत आ बचाव के काम के जानकारी लेलस। संगही पीड़ित परिवार के हर संभव मदद दिवावे के भरोसा देले बाड़े।

घटना का बारे में मिलल जानकारी के अनुसार, नौरंगिया गांव के स्कूल टोला के रहनिहार अमित कुशवाहा के बियाह के पहिले, बुध के देर रात हरदी के रसम कइल जात रहे। घर से लमसम 100 मीटर के दूरी पs इस्थित इनार के सोझा मटकोड़ के रसम होत रहे। जवना इनार के सोझा रसम होत, ओकरा के आरसीसी स्लैब बना के बन कइल गइल रहे। रसम के बेरा बेसी संख्या में मेहरारू, लईकी आ बच्चीलो इनार पs बनल स्लैब पs जाके ठाड़ हो गइल लो। अचके स्लैब टूट गइल आ ओपर ठाड़ सभे इनार में समा गइल लो। इनार बहुते गहिर रहे। पानी से भरल रहे। एह घटना के बादे अफरा-तफरी मच गइल।

अगरी-कगरी के लोग राहत आ बचाव के काम सुरू कइल, बाकिर अन्हार होखला के वजे से बेसी मदद ना हो सकल। एहि बीचे केहु घटना के सूचना पुलिस के देलस। दल-बल के संगे पहुंचल पुलिस राहत आ बचाव के काम तेज कइलस। जवना लोग के इनार से  निकालल गइल, ओह सभेलोग के जिला अस्पताल ले जावल गइल। डागडर लो जांच कइलस आ 13 लोगन के मुरदा घोसित कs देलस। एक संगे 13 गो लोगन के लाश देख के सभे के करेजा कांप गइल।

 

एह मृतकन के भइल पहिचान 

1- पूजा यादव (20) पुत्री बलवंत
2- शशिकला (15) पुत्री मदन
3- आरती (13) पुत्री मदन
4- पूजा चौरसिया (17) पुत्री राम बड़ाई
5- ज्योति चौरसिया(10) राम बड़ाई
6- मीरा (22) पुत्री सुग्रीव
7- ममता (35) पत्नी रमेश
8- शकुंतला (34) पत्नी भोला
9-परी (20) पुत्री राजेश
10- राधिका (20) पुत्री महेश कुशवाहा
11- सुंदरी (9) पुत्री प्रमोद कुशवाहा

एमे से दु गो मेहरारू लो के चिन्हा नइखे हो सकल। डीएम एह हादसा में मारे आला लोगन के घर के लोग के चार-चार लाख रुपिया के सहायता राशि  देवे के बात कहले बाड़े।

हादसा पs PM MODI जतवले दुख

कुशीनगर हादसा के लेके पीएम मोदी दुख जतवले बाड़े। उहाँ के ट्वीट करत लिखनी-

साभार: अमर उजाला

217740cookie-checkकुशीनगर: मातम में बदलल खुशी: बियाह के समारोह के घरी इनार ढ़हला से 13 के मौत, एक दरजन से बेसी लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.