Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुशीनगर: ATM काट के चोरी, दू दिन पहिले पड़ल रहे 28 लाख रुपया

328
कुशीनगर जिला के तमकुहीराज कस्बा स्थित पूर्वी ओवरब्रिज चौराहा (हरिहरपुर) के पास बुध रात में एसबीआई एटीएम के गैस कटर से काट के ओमें रखल रुपया चोर चुरा ले गइलें। सीसीटीवी कैमरा के वायर के भी काट दिहले बानें सब। एह घटना से पुलिस के सक्रियता पर सवाल उठ रहल बा, काहेसेकि पुलिस चौकी 500 मीटर के दूरी पर बा। एकरे बाद भी चोरी हो गइल बा। मौका पर एसपी धवल जायसवाल पहुंचकर जायजा लिहलें अउर चोरन के पकड़े खातिर टीम गठित क देहले बानें।
तमकुहीराज थाना क्षेत्र के पूर्वी ओवर ब्रिज चौराहा (हरिहरपुर) में चार बरिस पहिले एसबीआई के एटीएम लागल बा। एही एटीएम में 25 अक्तूबर के 28 लाख रुपया डारल गइल रहे। बियफ़े के सुबह केहू देखल कि एटीएम काटल गइल बा। एकरे बाद पुलिस मौका पर पहुंच गइल।
एसपी धवल जायसवाल बतवलें कि बुध के रात चोर सब एटीएम गैस कटर से काट के ही पैसा चुरा ले गइल बानें सब। सीसीटीवी कैमरा के अंदर अउर बाहर के वायर काट दिहल गइल बा। उहवें डीवीआर अपने साथ ले गइल बानें।। चोरन के पकड़े खातिर टीम गठित कर दीहल गइल बा। आसपास के सीसीटीवी के जांच कइल जा रहल बा। घटना के रात एटीएम के आसपास केतना मोबाइल संचालित रहल, एकर भी जांच कइल जा रहल बा।
363780cookie-checkकुशीनगर: ATM काट के चोरी, दू दिन पहिले पड़ल रहे 28 लाख रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.