[the_ad_group id="30365"]

नवरात्रि के पहिला दिन दरभंगा में बवाल, दुर्गा मंदिर से लौटत श्रद्धालुअन पs छत से फेंकले पत्थर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के दरभंगा जिला में दुर्गा मंदिर से लवटत श्रद्धालु लोग पर मुस्लिम समुदाय के पथराव के बाद बवाल मच गईल। जिला के कुशेश्वरस्थान प्रखंड के केवटगामा पंचायत के पछियारी गांव में दुर्गा मंदिर में कलश लगा के भक्त घर लवटत रहले। एs दौरान अचानक एगो घर के छत से पत्थर गिरल शुरू हो गईल। एकरा बाद उहाँ भगदड़ जईसन स्थिति पैदा हो गईल।  

घर के छत पs जुटल लोग पथराव करत रहे पूरा घटना के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में कई लोग एगो घर के छत से पत्थर फेंकत देखाई देतारे। महिला भक्तन के बीच गिरल पत्थर के चलते अराजकता मच गईल। लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर दौड़े लागल। गाँव के लोग देखल कि कुछ लोग एगो घर के छत पर जमा होके पत्थर चलावत बा। घटना के जानकारी मिलते कई थाना के पुलिस मौका पs पहुंच गईल। मोहम्मद अलाउद्दीन पs छत से पत्थर फेंके के आरोप लगावल जा रहल बा. पुलिस के कहनाम बा कि फिलहाल स्थिति सामान्य बा, बाकिर दुनो पक्ष के बीच तनाव बनल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]