नालंदा में बजरंग दल के जिला संयोजक के सरेंडर: कुर्की-जब्ती के कार्रवाई के बीच कइल गइल सरेंडर; नालंदा, सासाराम में 8 दिन बाद इंटरनेट सेवा बहाल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2023

सासाराम आ नालंदा में रामनवमी में भइल हिंसा के बाद बिगड़ल हालात धीरे-धीरे सुधरे लागल बा। 8 दिन के बाद दुनु शहरन में इंटरनेट सेवा बहाल कs दिहल गइल बा। एने नालंदा में हिंसा के

Share

सासाराम आ नालंदा में रामनवमी में भइल हिंसा के बाद बिगड़ल हालात धीरे-धीरे सुधरे लागल बा। 8 दिन के बाद दुनु शहरन में इंटरनेट सेवा बहाल कs दिहल गइल बा। एने नालंदा में हिंसा के 9 आरोपियन के खिलाफ प्रशासन कुर्की-जब्ती के कार्रवाई सुरू कइलस।

एमे बजरंग दल के जिला संयोजक कुंदन कुमार के घर पs कार्रवाई होत रहे। जवना के बाद कुंदन अपने आवास पs सरेंडर कs देलें बाड़ें। कार्रवाई दीपनगर थाना क्षेत्र के अयोध्या नगर में होत रहे। एह दौरान मवका पs भारी संख्या में पुलिस बलन के तैनाती कइल गइल बा।

9 में से 6 के सरेंडर

बता दीं कि कुंदन कुमार के संगे-संगे 9 आरोपियन के घर कुर्की-जब्ती के कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल रहे। एमे से 6 आरोपी सरेंडर कs देले बा लो। फिलहाल तीन आरोपियन के घर कुर्की-जब्ती के कार्रवाई जारी बा। कार्रवाई लहेरी थाना क्षेत्र के मथुरीया मोहल्ला आ गगन दीवान, बिहार थाना क्षेत्र में चल रहल बा।

आज से इंटरनेट सेवा बहाल

नालंदा के डीएम शशांक शुभंकर बतवलें कि 8 दिनन के बाद इंटरनेट सेवा नालंदा में बहाल कs दिहल गइल बा। फिलहाल शहर फेर से पटरी पs धीरे-धीरे लवट रहल बा। एक अप्रिल के बाद से हिंसा के कवनो सूचना बिहारशरीफ समेत जिला से नइखे मिलल।

बजारन के अगिला आदेस तक दुपहर 3 बजे तक खोले के अनुमति बा। अब तक कुल 130 उपद्रवियन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। तs ओहिजा 15 एफआईआर लहेरी आ सोहसराय में दर्ज कइल गइल बा। जिला प्रशासन के ओर से लोगन के अफवाहन से बचे खातिर लगातार अनाउंसमैंट आ आउर साधनन से अपील कइल जा रहल बा।

भारी संख्या में पुलिसबलन के बा तैनाती।

रामनवमी पs भड़क उठल रहे हिंसा

बता दीं कि नालंदा आ सासाराम में रामनवमी के दिन हिंसा भड़कल रहे। उपद्रवी वाहनन, घरन आ दुकानन के आग लगा देले रहले सs आ कइयन गो लोग एमे घायल हो गइल रहे। एकरा बाद से पूरा शहर में कर्फ्यू लगा दिहल गइल रहे। प्रशासन धारा 144 लागू कs देले रहे। एकरा संगही इंटरनेटो बंद कs दिहल गइल रहे।

आरोपियन के घर पs चिपकावल गइल नोटिस।

 

डीएम शशांक शुभंकर इंटरनेट सेवा बहाल होखे के जानकारी देलें।

 

अफवाहन पs धेयान ना देवे के अपील

अब फिलहाल हालात सामान्य हो रहल बा। बिहार पुलिस लोगन के अफवाहन पs धेयान ना देवे के सलाह देलस। पुलिस कहलस कि अब इस्थिति सामान्य आ पूरा तरे से नियंत्रण में बा।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.