[the_ad_group id="30365"]

Kubereshwar Dham: रुद्राक्ष लेबे खातिर दू-दू किमी लमहर कतार, इंदौर-भोपाल हाईवे पs 20 किमी के जाम, भगदड़ जइसन भईल हालात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कथा वाचक पंडित प्रदीप मिश्रा के सीहोर जिला स्थित कुबेरेश्वर धाम में शिव महापुराण कथा और रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल बा । रुद्राक्ष वितरण कार्यक्रम में करीब दस लाख श्रद्धालुअन बहुते भारी भीड़ उमड़ल बा । एकरा चलते इंदौर-भोपाल हाईवे पs जाम लागल बा । करीब बीस किलोमीटर लमहर जाम लाग गईल बा । भीड़ के वजे से भगदड़ जईसन हालात बनल बा । कई लोग चक्कर खाई के गिरले । पुलिस प्रशासन गाइडलाइन के पालन करे के निर्देश देले बा । दस गो से बेसी महिला लोग गुम बतावल जा रहल बाड़ी ।

इंदौर -भोपाल हाईवे पs लागल लमहर जाम

 

पंडित प्रदीप मिश्रा के कुबेरेश्वर धाम में बियफे  के रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल। शिव महापुराण कथो  शुरू हो गईल बा । बड़हन संख्या में श्रद्धालुअन  के पहुंचला  से भोपाल-इंदौर हाईवे पs  बीस किलोमीटर लंबा जाम लागल बा  । कुबेरेश्वर धाम से चौपाल सागर तक भोपाल के ओर लंबा जाम बा । अतना लंबा जाम लगला के बादो श्रद्धालुअन के आवे  के सिलसिला जारी  बा । भोपाल आ  इंदौर दुनो  तरफ से लोग लगातार कुबेरेश्वर धाम पहुंच रहल  बाड़े। आजू एहिजा मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान भी आ सकत बाड़ें। 18 फरवरी के  पूर्व मुख्यमंत्री कमलनाथ के  भी एहिजा  आवे वाला बाड़े ।

रुद्राक्ष लेबे खातिर  दू किमी लमहर कतार

रुद्राक्ष बाँटे  खातिर चालीस गो  काउंटर बनावल गईल बा । भीड़ के धेयान में  राखत  एक दिन पहिले माने बुधवार से ही रुद्राक्ष बांटे के काम  शुरू हो गईल रहे । पहिला दिन करीब डेढ़ लाख रुद्राक्ष बांटल गइल। आ अब तक पांच लाख से बेसी श्रद्धालुअन के  रुद्राक्ष बांटल गइल  बा । बियफे  के रुद्राक्ष खातिर दू-दू किमी लमहर कतार लागल बा । दू लाख से  बेसी लोग तs खाली कतार में ही  लागल बाड़ें अइसन अनुमान लगावल जा रहल बा । भीड़ के रोके  खातिर  बांस आ  बल्लियन से बैरिकेड लागल रहे , जवन  भीड़ के रोके में अभी तक एकदम फेल भईल बा ।

कुबेरेश्वर धाम में श्रद्धालुअन जुटल भारी भीड़

एक दिन पहिलहीं आ गइल रहल दु लाख लोग

कार्यक्रम से  एक दिन पहिलही बुधवार के एहिजा दुई लाख से बेसी लोग पहुंच गईल रहे । श्रद्धालुअन  के एह तरे  बढ़तs  भीड़ के  देखत  आयोजन स्थल पs एक दिन पहिलही श्रद्धालुअन के बीचे रुद्राक्ष बांटल शुरू कई दिहल गईल रहे । बियफे के करीब आठ लाख से बेसी  लोग  एहिजा पहुंच चुकल  बाड़ें।

मोबाइल नेटवर्क भी भईल  ध्वस्त

 

श्रद्धालुअन  बढ़तs भीड़  के वजह से पुलिस-प्रशासन के व्यवस्था बनावे  में परेशानियन के सामना करे के  पड़ रहल बा | कुबेरेश्वर धाम पs  आईल श्रद्धालुअन के सबसे बेसी परेशानी के  सामना मोबाइल नेटवर्क ध्वस्त होखला  के वजह से आ रहल बा। श्रद्धालु परिजन से बिछड़ रहल  बाड़ें ।

10-10 घंटा घाम  में ठाड़ रहला  से आईल चक्कर

भीड़ के देखत  प्रशासन के इंतजाम भी गड़बड़ा गईल बा । श्रद्धालुअन खातिर  छाहां के इंतजाम नइखे भईल । 10-10 घंटा  घाम में ठाड़ रहला के चलते  लोग चक्कर खाई के बेहोश हो रहल बाड़ें । दू हजार लोगन के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र सहित जिला अस्पताल इलाज खातिर भेजल गईल बा ।

खास  बा पंडित  प्रदीप मिश्रा  के रुद्राक्ष

पंडित प्रदीप मिश्रा अपना  हरेक कथा में रुद्राक्ष के  महिमा के  बखान करत रहेले । उनका  अनुसार ई रुद्राक्ष पानी में डाले के बा आ ओह पानी के  पी जाए के बा | एह से ओह आदमी के जिनगी से जुरल कवनो तरे के समस्या दूर हो जाई अतने ना  नक्षत्र खराब होखे तs  उहो ठीक हो जाला। बेमारी-हेमारी समेत मय संकट दूर हो जाला ।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]