Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kubereshwar Dham: रुद्राक्ष लेबे खातिर दू-दू किमी लमहर कतार, इंदौर-भोपाल हाईवे पs 20 किमी के जाम, भगदड़ जइसन भईल हालात

मध्य प्रदेश के सीहोर जिला स्तिथ कुबेरेश्वर धाम में शिव महापुराण कथा आ रुद्राक्ष बांटे के आयोजन कईल गईल रहे ओही आयोजन म अतना भीड़ जुट गईल बा कि अब प्रशासन के हाथ-गोड़ फुले लागल बा

4,904

कथा वाचक पंडित प्रदीप मिश्रा के सीहोर जिला स्थित कुबेरेश्वर धाम में शिव महापुराण कथा और रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल बा । रुद्राक्ष वितरण कार्यक्रम में करीब दस लाख श्रद्धालुअन बहुते भारी भीड़ उमड़ल बा । एकरा चलते इंदौर-भोपाल हाईवे पs जाम लागल बा । करीब बीस किलोमीटर लमहर जाम लाग गईल बा । भीड़ के वजे से भगदड़ जईसन हालात बनल बा । कई लोग चक्कर खाई के गिरले । पुलिस प्रशासन गाइडलाइन के पालन करे के निर्देश देले बा । दस गो से बेसी महिला लोग गुम बतावल जा रहल बाड़ी ।

इंदौर -भोपाल हाईवे पs लागल लमहर जाम

 

पंडित प्रदीप मिश्रा के कुबेरेश्वर धाम में बियफे  के रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल। शिव महापुराण कथो  शुरू हो गईल बा । बड़हन संख्या में श्रद्धालुअन  के पहुंचला  से भोपाल-इंदौर हाईवे पs  बीस किलोमीटर लंबा जाम लागल बा  । कुबेरेश्वर धाम से चौपाल सागर तक भोपाल के ओर लंबा जाम बा । अतना लंबा जाम लगला के बादो श्रद्धालुअन के आवे  के सिलसिला जारी  बा । भोपाल आ  इंदौर दुनो  तरफ से लोग लगातार कुबेरेश्वर धाम पहुंच रहल  बाड़े। आजू एहिजा मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान भी आ सकत बाड़ें। 18 फरवरी के  पूर्व मुख्यमंत्री कमलनाथ के  भी एहिजा  आवे वाला बाड़े ।

रुद्राक्ष लेबे खातिर  दू किमी लमहर कतार

रुद्राक्ष बाँटे  खातिर चालीस गो  काउंटर बनावल गईल बा । भीड़ के धेयान में  राखत  एक दिन पहिले माने बुधवार से ही रुद्राक्ष बांटे के काम  शुरू हो गईल रहे । पहिला दिन करीब डेढ़ लाख रुद्राक्ष बांटल गइल। आ अब तक पांच लाख से बेसी श्रद्धालुअन के  रुद्राक्ष बांटल गइल  बा । बियफे  के रुद्राक्ष खातिर दू-दू किमी लमहर कतार लागल बा । दू लाख से  बेसी लोग तs खाली कतार में ही  लागल बाड़ें अइसन अनुमान लगावल जा रहल बा । भीड़ के रोके  खातिर  बांस आ  बल्लियन से बैरिकेड लागल रहे , जवन  भीड़ के रोके में अभी तक एकदम फेल भईल बा ।

कुबेरेश्वर धाम में श्रद्धालुअन जुटल भारी भीड़

एक दिन पहिलहीं आ गइल रहल दु लाख लोग

कार्यक्रम से  एक दिन पहिलही बुधवार के एहिजा दुई लाख से बेसी लोग पहुंच गईल रहे । श्रद्धालुअन  के एह तरे  बढ़तs  भीड़ के  देखत  आयोजन स्थल पs एक दिन पहिलही श्रद्धालुअन के बीचे रुद्राक्ष बांटल शुरू कई दिहल गईल रहे । बियफे के करीब आठ लाख से बेसी  लोग  एहिजा पहुंच चुकल  बाड़ें।

मोबाइल नेटवर्क भी भईल  ध्वस्त

 

श्रद्धालुअन  बढ़तs भीड़  के वजह से पुलिस-प्रशासन के व्यवस्था बनावे  में परेशानियन के सामना करे के  पड़ रहल बा | कुबेरेश्वर धाम पs  आईल श्रद्धालुअन के सबसे बेसी परेशानी के  सामना मोबाइल नेटवर्क ध्वस्त होखला  के वजह से आ रहल बा। श्रद्धालु परिजन से बिछड़ रहल  बाड़ें ।

10-10 घंटा घाम  में ठाड़ रहला  से आईल चक्कर

भीड़ के देखत  प्रशासन के इंतजाम भी गड़बड़ा गईल बा । श्रद्धालुअन खातिर  छाहां के इंतजाम नइखे भईल । 10-10 घंटा  घाम में ठाड़ रहला के चलते  लोग चक्कर खाई के बेहोश हो रहल बाड़ें । दू हजार लोगन के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र सहित जिला अस्पताल इलाज खातिर भेजल गईल बा ।

खास  बा पंडित  प्रदीप मिश्रा  के रुद्राक्ष

पंडित प्रदीप मिश्रा अपना  हरेक कथा में रुद्राक्ष के  महिमा के  बखान करत रहेले । उनका  अनुसार ई रुद्राक्ष पानी में डाले के बा आ ओह पानी के  पी जाए के बा | एह से ओह आदमी के जिनगी से जुरल कवनो तरे के समस्या दूर हो जाई अतने ना  नक्षत्र खराब होखे तs  उहो ठीक हो जाला। बेमारी-हेमारी समेत मय संकट दूर हो जाला ।
463300cookie-checkKubereshwar Dham: रुद्राक्ष लेबे खातिर दू-दू किमी लमहर कतार, इंदौर-भोपाल हाईवे पs 20 किमी के जाम, भगदड़ जइसन भईल हालात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.