[the_ad_group id="30365"]

क‌इसन दूल्हा चाहेली कृति सेनन, लाइफ पार्टनर के लेके क‌इली खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एs साल के शुरुआते में कृति सेनन अपनी फिल्म के लेके जबरदस्त लाइमलाइट में बनल बाड़ी। ‘क्रू’ एक्ट्रेस कृति सेनन एs दिन अपने रूमर्ड बॉयफ्रेंड कबीर बाहिया संगे अपने डेटिंग रूमर्स के कारन से चर्चा में बनल बाड़ी। हालांकि, अभिनेत्री अबो ले एs बारे में कवनो खुलासा नइखी क‌इले कि उs केके डेट करत बाड़ी। एs बीच अब उनकरी पर्सनल लाइफ के लेकर कुछ नया अपडेट समने आ‌इल बा। हाले में एक्ट्रेस खुलासा क‌इली कि उनकरी होखे वाला आइडियल पार्टनर क‌इसन हो‌ईं।

कृति सेनन के आइडियल पार्टनर
फिल्म कंपेनियन के साथे एगो इंटरव्यू में, अभिनेत्री कृति सेनन से पूछल ग‌इल कि उनकर क‌इसन आइडियल पार्टनर चाहि। एक्ट्रेस हंसत हुए कहली, ‘हमके नाहीं पता। का पता ज‌इसन हम चाहेनी ओइसन केहु नइखे?’ एकरे बाद उs कहली ‘हमके लागत बा कि हम खुद पs बहुत अधिक दबाव डालेनी ज‌इसे कि हमके ई ल‌इका चाहि, अइसन ल‌इका चाहि, व‌इसन ल‌इका चाहि। हमके लागत बा जे सही हो‌ई मिल जा‌ई।’

कृति सेनन खुलासा क‌इली कि उs अइसन पार्टनर चाहेली, ‘जवन हमके हसा सके, जेकरे साथे हमार बहुत अच्छा बॉन्ड हो… जवन घंटा हमसे बात क‌s सके, जवन हमार आ हमरे काम के सम्मान करे आ हमके लागेला कि ई चीज हमरे खातिर बहुत जरूरी बा। रिश्ता में ईमानदारी होखे के चाहि। ओ शख्स में अच्छा सेंस ऑफ ह्यूमर हो‌खे के चाहि आ हां केयरिंग होखे के चाहि।

कबीर के साथे कृति के रिश्ता के अफवाह ओ समय सामने आईंल जब दूनों लंदन में एके साथे होली मनावल रहले। उनकरी तस्वीर माइक्रोब्लॉगिंग साइट रेडिट पs सामने आइल आ प्रशंसक अनुमान लगावल शुरू क‌s दिहले कि कृति आ कबीर डेटिंग करत रहले। कबीर लंदन के एगो बड़हन बिजनेसमैन के बेटा हवैं। हालांकि, नs कृति आ नss कबीर एs अटकल पs ध्यान दिहली नs रिएक्ट क‌इली ।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]