[the_ad_group id="30365"]

कोटा में शिव बरात के दौरान बड़ हादसा, 14 लईका करंट के चपेट में आवे से झुलसल लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के कोटा शहर में महाशिवरात्रि पs निकालल जा रहल शिव बरात के दौरान हादसा हो गइल। हाइटेंशन वायरल के चपेट में आवे से 14 लईका झुलस गइल लो। एगो लईका के हालत नाजुक बनल बा। सब लईकन के एमबीबीएस अस्पताल में भर्ती कइल गइल बा।

हादसा कुन्हाड़ी थर्मल चौराहा के लगे दुपहरिया साढ़े 12 बजे के करीब भइल। शिव बरात में कइयन लईका धार्मिक झंडा लेके चलत रहे लो। एह दौरान एगो झंडा हाइटेंशन लाइन से टच हो गइल। एसे ई हादसा हो गइल। घटना के बाद एकाएक अफरा-तफरी मच गइल। जेकरा जे मिलल, ओकनी के अस्पताल लेके दउड़ल। तत्काल लईकन के एमबीबीएस अस्पताल ले जाइल गइल। उहां एगो लईका के इस्थिति नाजुक बनल बा। प्रशासनो सक्रिय हो गइल बा। हादसा के जानकारी मिलतही मेडिकल टीम के अलर्ट कs दिहल गइल बा। घायल लईकन के परिजन लोग अस्पताल पहुंचे आयोजकन के पिटाई कs देले बा।

आईजी रविदत्त गौड़ बतवलें एगो लईका 70 प्रतिशत आ एगो 50 प्रतिशत झुलस गइल बा। बाकी लईका 10 प्रतिशत तक झुलसल बा लो। लईकन के उम्र नौ से 16 साल बतावल जा रहल बा। घटना के जानकारी मिलतही लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला अस्पताल पहुंचलें। ऊ कहलें कि घटना बहुते दुखद बा। ई काहे भइल, एकर जांच करवावल जाई। सब लोग फिलहाल लईकन के इलाज में लागल बा लो। एगो लईका गंभीर बा। रेफर करे के जरूरत पड़ी तs उहो कइल जाई। लईकन के हरसंभव सर्वश्रेष्ठ इलाज मुहैया करावल जाई।

हर साल होला शिव बरात के आयोजन

हर साल काली बस्ती में शिव बरात के आयोजन होला। जादेतर लईका अपना परिजनन के बिना शिव बरात के हिस्सा बने पहुंच गइल बा लो। लोगन के कहनाम बा कि आयोजकों की गलती से ई हादसा भइल बा। एही वजह से जब आयोजक अस्पताल पहुंचल तs नाराज परिजन लोग उनकर पिटाई कs दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]