कोटा में दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे प बड़हन हादसा, 15 फीट गहिर नाला में गिरल बस; 8 यात्रियन के मउत

By Shweta Supriya

Published on: Oct 17, 2026

जयपुर। राजस्थान के कोटा में शनिचर के भोर में दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे प एगो बड़हन हादसा हो गइल। दिल्ली से मुंबई जात एगो यात्री बस कोटा जिला में कराड़िया के लगे 15 फीट गहिर नाला में

Share

जयपुर। राजस्थान के कोटा में शनिचर के भोर में दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे प एगो बड़हन हादसा हो गइल। दिल्ली से मुंबई जात एगो यात्री बस कोटा जिला में कराड़िया के लगे 15 फीट गहिर नाला में गिर गइल। एह हादसा में आठ यात्री के मउत हो गइल बा आ छह अउरी लोग गंभीर रूप से घायल बाड़ें।

एएनआई के रिपोर्ट के मुताबिक, जिला कलेक्टर पीयूष सामरिया बतवलें, ‘अबले 8 लोग के मृत अवस्था में अस्पताल लावल गइल बा। सभे गंभीर मरीज के ICU में भर्ती करा दिहल गइल बा आ ओह लोग के इलाज शुरू हो गइल बा।’

अनियंत्रित बस खाई में गिरल

राजस्थान के कोटा जिला में कराड़िया के लगे ई बस दिल्ली से मुंबई जात रहे। ई हादसा शनिचर के भोर करीब 6 बजे एक्सप्रेसवे प पोल नंबर 384 के लगे, सिमलिया थाना क्षेत्र में भइल।


घटना के जानकारी मिलते ही आपातकालीन कर्मी तुरंत बचाव अभियान शुरू कर दिहलें। नाला में जमा कीचड़ आ पानी के चलते बचावकर्मियन के लोगन के बाहर निकाले में काफी परेशानी भइल। क्षतिग्रस्त बस के बाहर निकाले आ ओकरा में फंसल यात्री लोग के बचावे खातिर क्रेन के इस्तेमाल कइल गइल।

बचाव अभियान के बारे में जानकारी देत सिमलिया थाना के स्टेशन हाउस ऑफिसर (SHO) नंद सिंह बतवलें, ‘हादसा के समय मिनीबस में करीब 17 यात्री सवार रहलें।’

SHO बतवलें कि घायलों के न्यू मेडिकल कॉलेज अस्पताल आ MBS अस्पताल समेत नजदीक के अस्पतालन में ले जाइल जा रहल बा। घायलों के जल्दी अस्पताल पहुंचावे खातिर तीन गो एम्बुलेंस तैनात कइल गइल रहे।

अबले मिलल जानकारी के मुताबिक, बस चलावत घरी ड्राइवर अपना नियंत्रण खो दिहलस, जवना चलते बस नाला में गिर गइल। मृतक आ घायल लोगन के पहचान अबले नइखे हो पावाल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.