[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता रेप-मर्डर केस: 2 गो डॉक्टरन पs गिरल गाज,भइले सस्पेंड

कोलकाता रेप-मर्डर केस: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आरजी कार मेडिकल कॉलेज से जुड़ल एगो बड़हन अपडेट सामने आइल बा. राज्य चिकित्सा परिषद डॉ बिरुपाक्ष विश्वास आ डॉ अभिक डे के निलंबित कs दिहले बिया. एह दुनु डाक्टरन पs अलग अलग मेडिकल कॉलेज अस्पतालन में गुंडागर्दी के प्रथा चलावे के आरोप बा. इहो आरोप बा कि अभिक डे के 9 अगस्त के आरजी कार मेडिकल कॉलेज अस्पताल में देखल गईल रहे।

डॉ. संदीप घोष के रजिस्ट्रेशन रद्द करे के मांग

दूसर ओर डॉक्टर आरजी कार मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल रहल डॉ. संदीप घोष के रजिस्ट्रेशन रद्द करे के मांग कईल बा। डॉ. संदीप घोष के 72 घंटा के भीतर जवाब देवे के बा। अगर उचित प्रतिक्रिया ना मिलल तs संदीप घोष के लाइसेंस रद्द हो सकेला.

हाल ही में खबर आईल कि आरजी कार अस्पताल में भ्रष्टाचार के मामला में ईडी भी शिकंजा कसल शुरू कs देले बा। कोलकाता के ईडी टीम शुक के सबेरे कई जगहा छापामारी कईले रहे। एहमें आरजी कार मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल के प्रिंसिपल रहल संदीप घोष आ उनुका करीबी लोग पs छापा मारल गइल. कोलकाता के 6 जगहा पs ईडी टीम छापामारी कईले रहे। एह में मुख्य रूप से संदीप घोष आ उनकर साथी लोग के लोकेशन पs छापामारी होखत रहे। अस्पताल के डाटा एंट्री ऑपरेटर प्रसुन चटर्जी के खिलाफ भी ईडी कार्रवाई कईले रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]