[the_ad_group id="30365"]

“फलारिस के बैल”: पीतल के ऊ बैल जवना में आदमी समा जाव आ जवना के पहिला शिकार ओकरा के बनावे खुद हो गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जब-जब इतिहास के बात होला तs ओमे कुछ अइसन किस्सन के जिकिर होला, जवना पs पहिला बेर में विश्वास कइल मुश्किल होला। बाकिर हमनी सभे जानत बानी सs कि इतिहास के दस्तावेजन में कइयन गो गरब करावे वाला कहानियन के संगे खौफनाक कहानियन के वर्णन बा। आईं इतिहास के पन्नन में दर्ज अइसने एगो खौफनाक किस्सा “फलारिस के बैल के बारे में –

दूसरका शताब्दी के व्यंग्यकार लूसियन के धन्यवाद जे एगो अइसन यातना मशीन के बारे में बतावल जवना के “पेरिलॉस के पीतल के बैल” भा “फालारिस के बैल” कहल जाला

मूर्तिकार पेरिलाओस (570-560 ईसा पूर्व के बीच) अपना तानाशाह एक्रागंटास के आदेश पs, एगो पीतल के बैल बनवलस जवन एगो पूरा आदमी के अपना अंदर समा सकत रहे।

जब ऊ पहिला बेर अपना आविष्कार सिसिली के तानाशाह एक्रागंटास के सोझा प्रस्तुत कइलस, तs ऊ पेरिलॉस के बैल के अंदर डाले के आदेस देलस आ ओकरा के आपन पहिला शिकार बनवलस। अइसन शैतानी मशीन के आविष्कारक खातिर ई एगो उपयुक्त अंत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]