[the_ad_group id="30365"]

आजमगढ़: जानीं कवना स्कूल के शिक्षक लोग धोवल छात्रा लोगन के पांव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजमगढ़: देश के सब जगहन लेखा आजमगढ़ जनपद में भी नवरात के लेके भक्त लोगन में खुबे धूम रहल रहल। सब जगहन प पूजा पंडालन में भक्त लोग भारी संख्या में माता के दर्शन कइल लो आ आशीर्वाद आ मनोकामना के पूर्ति खातिर माता से निहोरा कइल लो।

आजमगढ़ के एगो स्कूल एह नवरात अपना अनोखा पहल के लेके चरचा में रहल। दरअसल आजमगढ़ के सगड़ी तहसील के अजमतगढ़ ब्लॉक के दाम महुला काँखभार विद्यालय में अबकी बेर अनोखा पहल करत नवमी के पावन अवसर प सब शिक्षक लोगन द्वारा विधालय के समूचा लईकियन (छात्रा) के गोड़ धोवल गइल आ संगही आलता आ तिलक लगावल गइल। विधि विधान से पूजा अर्चना क के सुख आ समृद्धि के कामना करत बालिका लोगन के भोजन करावल गइल। एह दौरान कन्या लोगन के दान में थाली, गिलास कपड़ा आदि देके विदा कइल गइल।

बता दीं कि विधालय के प्रधानाध्यापक अविनाश शाही आ आउर अध्यापक लोगन द्वारा सबसे पहिले कन्या लोगन के पांव धोवल गइल आ प्रसाद के रूप केला, पूड़ी सब्जी, खीर, चना, हलुआ आ फल आदि परोसल गइल। एकरा बाद कन्या लोगन के प्रणाम करत सुख शांति आ समृद्धि के कामना करत विदा कइल गइल। विधालय में हर साल नवरात में कन्या पूजन कइल जाला, जवना में दर्जनन कन्या लोगन के पूजा कइल जाला।

एह दौरान प्रधानाचार्य अविनाश महेंद्र शाही, राधिका गोड़, पराली मिश्रा, मीरा यादव, लक्ष्मी पार्थ, अरविंद कुमार, दुर्गेश राय नेहा राय, अमृता राय आदि शिक्षक उपस्थित रहल लो। प्रधानाचार्य अविनाश महेंद्र शाही जी बतवनी कि विधालय प एह तरे के कार्यक्रम लगातार होत रहेला आ विधालय के पठन-पाठन आ ब्लॉक स्तर पs एक नंबर प ले आवे खातिर हमनी के ओर से कोसिस जारी बा, जवना से लईकन के निम्मन आ गुणवत्ता पूर्ण शिक्षा से जोडल जा सके। कार्यक्रम करावे के मूल्य उदेश्य छात्रन के भीतर भारतीय परंपरा के जिंदा राखल आ ओकरा बारे में जानकारी देवे के उदेश्य से करावल जाला। ताकि आगे चलके छात्रन में भारतीय परंपरा के ज्ञानवर्धन हो सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]