[the_ad_group id="30365"]

मूंग चीला खइले से सेहत के मिली गजब के फायदा, जानीं 10 मिनट में कइसे बनाएब रेसिपी

मूंग चीला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मूंग चीला के स्वाद गजब के होला।  नाश्ता आ रात के खाना में एकरा के कवनो रूप में खा सकेनी।  अगर रउवा वजन कम कईल चाहत बानी तs इs रउवा खातिर एगो सही रेसिपी बा।  संगही, मूंग में मौजूद फाइबर पाचन में सुधार करेला अवुरी कब्ज जईसन समस्या में भी कारगर होखेला। इs कोलेस्ट्रॉल के कम करे में मदद कs सकता, ब्लड शुगर के स्तर के नियंत्रित कs सकता।  मूंग दाल में ग्लाइसेमिक इंडेक्स कम होखेला, अवुरी इ डायबिटीज के मरीज के ब्लड शुगर के स्तर के स्थिर राखे में मदद कs सकता। तs आईं बता दी कि मूंग दाल चीला कइसे बनावल जाला?  

चीला खातीर सामग्री


एक कप मूंग, चुटकी भर हल्दी, आधा कप चावला के आटा, नमक स्वाद अनुसार, एगो प्याज, एगो टमाटर, एगो हरियर मिर्चा, एगो इनो

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

चीला कईसे बनावल जाला?

स्टेप 1: चीला बनावे खातिर रात में सुते से पहिले एक कप मूंग दाल पानी में भिगो लीं।  सबेरे एगो ग्राइंडर जार में मूंग दाल डाल के एक कप पानी डाल के बहुत बारीक पीस लीं।  अब दोसरा बर्तन में मूंग पेस्ट डाल दीं.

स्टेप 2 : अब एह पेस्ट में आधा कप चावल के आटा, स्वाद के हिसाब से नमक, एगो बारीक कटल प्याज, एगो बारीक कटल टमाटर, एगो मिर्चा, एगो चुटकी हल्दी अवुरी एगो चम्मच इनो डाल के एकरा के बढ़िया से मिला के 10 मिनट ले एक ओर राखी। 

स्टेप 3 : अब गैस चालू कs के एगो पैन राखीं आ जब गरम हो जाव तs करछुल के मदद से निकाल के गोलाकार आकार में पसार के दुनो ओर से बढ़िया से पकाईं। तोहार चीला तइयार हो गइल बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: भोरे उठके एह मंत्रन के करीं जाप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]